कायम रहल निरहुआ के बादशाहत
भोजपुरी सिनेमा के मैदान में भोजपुरी के बड़को में बड़का स्टारन में शामिल दिनेशलाल यादव निरहुआ के बादशाहत साल 2014हो में बरकरार रहल. निरहुआ लगातार आठवाँ बरीस बॉक्स ऑफिस पर बादाहत बनवले रखलन आ निर्माता, निर्देशक, वितरक आ सिनेमाघर मालिकान सभका चेहरा के मुसकान सजवले रखलन.

एह साल निरहुआ के ‘अदालत’, ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’, आ ‘हथकड़ी’ रिलीज भइली सँ. ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ कामयाबी के इतिहास बना दिहलस आ हर टेरिटरी में पचास दिन पूरा कइलस. अकेले बिहार से एकर बिटोर डेढ़ करोड़ रूपिया के रहल. त मुंबई में एक करोड़ के. पिछला पाँच बरीस में अतना बड़ कलेक्शन कवनो फिलिम के नइखे रहल.

NIRAHUA1
2014 के सबले सफल नायक खेसारीलाल यादव
भोजपुरी के बड़का सितारा खेसारीलाल यादव एह साल 2014 के सबले सफल नायक रहलन. खेसारी के कुल एक दर्जन फिलिम एह साल रिलीज भइली सँ.

एह फिलिमन में शामिल रहल ‘कच्चे धागे’, ‘प्रतिज्ञा-2’, ‘बेताब’, ‘चरणों की सौगंध’, ‘शोला शबनम’, ‘तेरे नाम’, ‘जानेमन’, ‘खून भरी माँग’, ‘हथकड़ी’, ‘लहू पूकारेला’, ‘लाडला’ अउर ‘जो जीता वही सिकंदर’.

Khesarilal-cap
पूरा साल बनल रहल रानी के जलवा
भोजपुरी सिनेमा के रानी रानी चटर्जी के जलवा पूरा साल बॉक्स ऑफिस पर जारी रहल. रानी के एह साल ह गो फिलिम अइली सँ – ‘इंसाफ की देवी’, ‘चंडी’, ‘दरियादिल’, ‘एक लैला तीन छैला’, ‘राउडी रानी’, आ ‘बिटिया सदा सुहागिन रहऽ’. एकरा अलावे फिलिम ‘जानेमन’ में रानी के आईटम डांस देखेवालन के वाहवाही बटोरलसि. साल का आखिर में रानी चटर्जी के साल 2013 के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार मिलल.
RaniChatterjee
राकेश मिश्रा का हिट परेड
भोजपुरी सिनेमा के जवान स्टार राकेश मिश्रा एह साल बॉक्स ऑफिस पर शानदार प्रदर्शन कइलन. एह साल राकेश मिश्रा के ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’, ‘दीवानगी हद से’, अउर ‘एक लैला तीन छैला’ रिलीज भइली सँ.

गवनई का मैदान में राकेश एह साल कैसेट के दुनियो में आगे रहलन. साल का आखिर में राकेश के पहिलका फिलिम रहल ‘प्रेम दीवानी’ खातिर सर्वश्रेष्ट नवोदित अभिनेता के पुरस्कारो मिलल.

RakeshMishraAwarded
शुभी शर्मा खातिर खास रहल 2014
भोजपुरी सिनेमा के चर्चित नायिका शुभी शर्मा खातिर ई साल बहुते खास रहल. एह साल इनकर आइल फिलिमन में ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’, ‘चरणों की सौगंध’, अउर ‘बाजीगर’ रहली सँ. पवन सिंह संगे आइल फिलिम ‘बाजीगर’ में शुभी के ग्लैमरस अवतार लोग के बहुते नीक लागल.
Shubhi-wah

(प्रशांत-निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: