भोजपुरी टी.वी. चैनल ‘महुआ टी.वी.’ पर प्रसारित होखत लोकप्रिय रियलिटी शो ‘भौजी नंबर- वन सीजन-4’ के प्रसारण शुरू हो गइल बा आ हर बेर का तरह एहु बेर एकर एंकरिंग भउजाइयन के लहुरा देवर प्रिएश सिन्हा करत बाड़ें. एहसे पहिले फरवरी से जुलाई बीच प्रसारित भइल रियलिटी शो ‘गृह लक्ष्मी’ ओ के प्रिएशे जजमानी कइले रहलें. एह चलते प्रिएश घर-घर में चहेता बन गइल बाड़ें.

लगातार चउथा बेर भौजी नंबर वन के एंकर बनल प्रियेश सिन्हा एकरा पहिला सीजन के जजमानी साल 2009 में कइले रहलें. तबसे उहे एकर एंकरिंग करत आवत बाड़ें. एकरा अलावे साल 2009 में ऊ ‘हँसी का अखाड़ा’ के विजेतो भइल रहलें जवना के जज रहलें सुनील पाल, प्रताप सिंह फौजदार, आ सिराज खान. 2007 में ‘स्टार वन’ के ‘द ग्रेट इन्डियन लाफ्टर चैलेन्ज भाग-3’ में पहिला भोजपुरी प्रतिभागी रहलन प्रिएश आ तब ऊ ‘एयरटेल’ के विज्ञापन के वीडियो शूटो कइले रहलें.

बतियावे में माहिर आ अपना मेहनत काबल पर प्रिएश बहुते पुरस्कार आ अवार्ड बटोर चुकल बाड़ें जवना में 2009 में राज घाट दिल्ली में ‘बेस्ट एंकर इन इंडस्ट्री’ का अवार्ड मैनेजमेंट गुरु अरविन्दम चौधरी के हाथे, 2010 में विश्व भोजपुरी सम्मलेन में द्वारिका, दिल्ली में ‘बेस्ट इंटरटेनर’ के अवार्ड अभिनेता शत्रुघ्न सिन्हा के हाथे आ 2011 में पटना में बिहार गौरव अवार्ड बिहार सरकार के मंत्री गिरीराज सिंह के हाथे पा चुकल बाड़ें.

प्रिएश जल्दिए ‘मेहरारू चाही मिल्की व्हाईट’ फिलिम का माध्यम से नायक बन के सिनेमा भोजपुरी का परदा पर चमके वाला बाड़न. एह फिलिम में उनकर नायिका बाड़ी चर्चित अभिनेत्री रानी चटर्जी. बाकी कलाकारन में गजेन्द्र चौहान, सुशील सिंह, मेहनाज़ श्राफ, सीमा सिंह अउर पुर्निला के नाम बा. प्रिएश के दोसर आवे वाली फिलिमन में ‘प्यार भईल परदेशी से’ अउर ‘पिरितिया प्राण बन गईल’ फिलिमो आवेवाली बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज के रपट)

 263 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: