एम.डी.वी.मोशन पिक्चर के बैनर तले बनल फिल्म “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा” में मनोज टायगर आ नवोदित अभिनेता संजीव राजपूत आपन-आपन जोर आजमाइश करत नज़र अइहे. बादल आ बबाली नाम के चाचा-भतीजा के ई जोड़ी रउरा के राजकपूर के फिल्म “दो जासूस” के याद दिलाई. फिल्म के निर्देशक महमूद आलम के मुताबिक “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा” एगो एक्शन-कॉमेडी फिल्म ह जवना में मनोज टायगर बिल्कुल नया अंदाज़ में नज़र अइहे. महमूद के इहो दावा बा कि एह फिल्म से भोजपुरी इंडस्ट्री के संजीव राजपूत के रूप में एगो नया स्टार कलाकार मिली.

निर्माता प्रवीण कुमार के एह फिल्म के म्यूजिक राजेश गुप्ता के हवे. फिल्म जल्दिये रउरा सभन का सोझा होई.


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

 373 total views,  2 views today

By Editor

2 thoughts on “मनोज टायगर आ संजीव राजपूत के भिडंत…”

Comments are closed.

%d bloggers like this: