धूमधाम से भइल यमुना नगर में अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव
भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी का मौजूदगी में कामर्शियल सिनेमा से हटके शुद्ध कला देखे आ समुझे के मौका मिलल दर्शकन के हरियाणा के यमुना नगर में भइल पँचवा अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव में. मनोज तिवारी एह दौरान दौरान दर्शकन पर आपन अमिट छाप छोड़लन. सात दिन ले चलल ई फिल्मोत्सव सिनेमा के प्रति दर्शकन के सोच कुछ हद तक बदले में कामयाब रहल. फिल्म उत्सव का चलते यमुनो नगर चर्चा में रहल. पहिलही से सिनेमा जगत में आपन पहचान बनवले यमुना नगर पिछला 4 साल से फिल्म उत्सव का माध्यम से दस्तक देत आइल बा. हर बेर डी.ए.वी. गर्ल्स कॉलेज के आयोजित अंतर्राष्ट्रीय फिल्म उत्सव आपन रूप, रंग आ रुतबा बदलत आइल बा. आ अबकी अइसन लागल कि आयोजकन के आत्मविश्वासो पहिले ले अधिका हो गइल बा. पहिले से बड़ स्टार उत्सव में शामिल भइले.
फिल्म उत्सव का दौरान यमुना नगर जइसन छोटहन शहर में आइल दर्शकनो के फिल्म निर्माता, निर्देशक, अभिनेता आ परदा पर भा परदा का पाछा रहि के काम करे वाला लोगन से सीधा संवाद बनावे के मौका मिलल. अबकी के उत्सव में भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ हिंदी सिनेमा के मनोज वाजपेयी आकर्षण के केन्द्र बनले आ दर्शकन का साथे खूब बतकहियो कइले. निर्देशक आ अभिनेता सतीशो कौशिक के दर्शक ढेर दिन ले ना भुला पइहें.
एह फिल्मोत्सव में दर्शकन के अनेके अइसन फिलिम देखे के मौका मिलल जवना के ऊ थियेटर में कबो ना देख पवतें. बाकिर एह उत्सव में ओह फिल्मन के देख के, ओकरा में काम करे वाला किरदारन से सीधा बातचीत करके आपन सोच बदले के मौका मिलल. कुल मिला के आयोजन अपना उद्देश्य में सफल रहल. मनोज तिवारी, यशपाल शर्मा, सतीश कौशिक, मनोज वाजपेयी, डॉ. चंद्र प्रकाश द्विवेदी का साथ-साथ एहिजा चहुँपल बाकी हस्ती एह उत्सव से जुड़ला के आपन सौभाग्य बतवले आ आगहु जुड़ल रहे के भरोसा दिहले.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)
735 total views, 5 views today