manoj-tiwari-honoredहालही में मुंबई के उत्तर भारतीय संघ के 63वां स्थापना दिवस पर भइल समारोह मेगा स्टार मनोज तिवारी, सुपर स्टार रवि किशन, पवन सिंह आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के नामे रहल. ई एगो अईसन साँझ रहल जवना के यादगार दिलो-दिमाग में हमेशा आपन मौजूदगी दर्ज करावत रही. मंच पर आवते का साथ मनोज तिवारी समां बांन्ह दिहलन. ई समां तब अपना चरम पर चढ़ गइल जब रवि किशन, पवन सिंह आ सीमा सिंह मंच पर गीत गावल लोग, ठुमका लगावल आ चुहलबाजीओ कइल. मंच पर भोजपुरी सिनेमा के एह दिग्गजन के एक संगे देखल विस्मयकारी रहल काहे कि बहुते कम मौका पर अइसन देखे के मिलल बा.

उत्तर भारतीय संघ के अध्यक्ष आर.एन. सिंह के तलवार आ फूलमाला से सम्मान, नायिका पाखी हेगड़े के दमदार नृत्य, डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के सौ वॉट के परफारमेंस आ अंजना सिंह के हलुक-फुलुक ठुमका एह साँझ के रंगीन करत जात रहे. बीच-बीच में राजनीति के मंजल खिलाड़ी सांसद एकनाथ गायकवाड़, संजय निरुपम, विधायक कृपा शंकर सिंह आ भाजपा विधायक आशीष शेलारो आपन बात कहत जात रहले.

कार्यक्रम के शुरुआत संस्था के संस्थापक स्वर्गीय बांकेराम तिवारी के प्रतिमा पर माल्यार्पण कर के आ दिया जरा के भइल. ओकरा बाद शिवसेना प्रमुख बाला साहेब ठाकरे, पूर्व मुख्यमंत्री विलासराव देशमुख आ उत्तर भारतीय संघ के ट्रस्टी स्वर्गीय डॉ. सूर्यनाथ दुबे, महेन्द्र प्रताप सिंह, गंगा सिंह, जगदीश मिश्रा आ अमरनाथ के श्रद्धांजलि दिहल गइल.

सामरोह में मनोज तिवारी आपन बेहद पॉपुलर हिंदी गीत ‘जियऽ हो बिहार के लाला’ से मंच पर दस्तक दिहलन, एह पहिलके गीत से पब्लिक में करंट दउड़ गइल. भीड़ अतना रहल कि कुर्सी त कम पड़िए गइल रहली स खड़ो होखे के जगह ना बाचल रहुवे. अइसने माहौल में सीमा सिंह अपना डांस से बिजली गिरावे लगली. पहिले ‘चिकनी चमेली’ अउर ‘उ लाला’ आ बाद में एगो अउर लाइव परफारमेंस दे के सीमा साबित कर दिहली कि ऊ सही में डांसिंग क्वीन हई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, तथा अरुण)

 378 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: