यु.पी. में निरहुआ के डंका बाजल

by | Jul 23, 2011 | 1 comment

भोजपुरी फिलिमन के सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के डंका एह घरी पूरे यु.पी. में बाजत बा. यु.पी. में प्रदर्शित भइल निरहुआ के होम प्रोडक्शन फिल्म औलाद हर जगहा धूम मचवले बा आ तिसरको हफ्ता में शानदार कलेक्शन दे रहल बा. शहर चाहे वाराणसी होखो भा गोरखपुर, फाजिल नगर, देवरिया, बलिया, आजमगढ़, सिद्धार्थनगर भा अउरु कवनो. औलाद हर जगहा रिकार्डतोड़ बिजनेस दे रहल बा.

एह फिल्म का प्रमोशन खातिर निरहुआ औलाद के पूरा टीम, पाखी हेगड़े, प्रवेशलाल यादव, शुभी शर्मा, मनोज टाईगर आ अवधेश मिश्रा, का साथे पिछला हफ्ता यु.पी. आ दिल्ली के दौरा पर रहलन. एह दौरान निरहुआ के एक झलक पावे खातिर हजारो लोगन के हजुम उमड़ पड़त रहे. दिल्ली आ मुंबईयो में औलाद बढ़िया बिजनेस करत बिया. एह फिल्म के सफलता से दोसरो निर्माता लोग के भरोसा हो गइल बा कि पारिवारिको फिल्में हिट हो जाले बशर्ते बढ़िया से बनावल जाव. औलाद का माध्यम से भ्रुण हत्या का खिलाफ आ बेटा-बेटी में अंतर करे का खिलाफ माहौल बनावल जा रहल बा. संदेश दिहला का साथे इहो ध्यान राखल गइल बा कि दर्शकन के मनोरंजनो भरपूर होखे.

फिल्म के निर्देशन असलम शेख कइले बाड़न. बिहार में ई फिलिम 5 अगस्त के रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशांत-निशांत)

Loading

1 Comment

  1. rajesh gupta

    love you

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up