बरसो पहिले हिंदी फिल्म उधार की जिंदगी से अभिनय के क्षेत्र में कदम धरे वाला अभिनेता रवि किशन के बतौर मुख्य अभिनेता पहिलका हिंदी फिल्म २६ अगस्त से पूरा देश में एक साथ पांच सौ से बेसी सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म का निर्माण आ निर्देशन सुनीत अरोड़ा कइले बाड़े. कुछ गलत कारण से ई फिल्म बहुते चर्चा में आ गइल बा. फिल्म में आजु के नवहियन के आ बड़का सोसायटी के अन्हार पहलू पर जोरदार चोट कइल गइल बा.

रवि किशन के भूमिका एह फिल्म में राकेश चौबे नाम के सिधवा नवजवान के बा जवना के सिधई ओकरा के प्रताड़ित करे के कारण बन जात बा. निर्माता निर्देशक सुनीत अरोड़ा के कहना बा कि नायक के किरदार खातिर दिमाग में आइल पहिला अउर आखिरी नाम रवि किशन के रहल आ रवि किशनो उनुका उम्मीद पर टंच निकललन. अपना भाव भंगिमा, संवाद अदायगी आ बोलती आँखिन से ऊ राकेश चौबे के किरदार के जीवंत बना दिहले.

देश विदेश के करोडो रवि किशन फैन लोग के एह फिल्म चितकबरे के बेसब्री से इंतजार बा.


(स्रोत – उदय भगत)

 407 total views,  2 views today

By Editor

One thought on “रवि किशन के हिन्दी फिल्म चितकबरे २६ अगस्त से”

Comments are closed.

%d bloggers like this: