अमूमन एह तरह के माथ कवनो सितारा के लगातार चार गो हिट फिल्म होखला पर लगावल जाला बाकिर कोरियोग्राफर से अभिनेता बनल राजीव दिनकर खातिर ई शीर्षक उनुकर एगो अनोखा कीर्तिमान खातिर लगावल गइल बा. राजीव दिनकर पहिला अइसन अभिनेता बाड़े जे रवि किशन का साथे चार गो फिलिमन में काम कइले बाड़न. राजीव दिनकर के रवि किशन का साथे पहिला फिल्म रहे निर्देशक के डी के “बलिदान”, जवना में राजीव उनुका छोट भाई का भूमिका में रहले आ उनुकर काम खूबे सराहल गइल रहे. दोसरका फिलिम रहे निर्देशक के डीए के “प्राण जाए पर बचन ना जाये” जवना में ऊ रविकिशन के विरोधी गुट के मुखिया रहले. अब अगिला फिल्म होखे जा रहल बिया गोरखपुर के प्रसिद्द डॉक्टर अउर फिल्म निर्माता डा॰ विजाहत करीम के “केहू हमसे जीत ना पाई”. राजीव दिनकर के एह हेट्रिक का बाद उनुकर चउथका फिल्म बन गइल बा निर्देशक फिरोज खान आ निर्माता रजनीश गुप्ता के हालिया घोषित फिल्म “दुल्हिन चाही पाकिस्तान से”. एह तरह राजीव दिनकर भोजपुरी के पहिलका अभिनेता बन गइले जे रवि किशन का साथ चार गो फिल्म में काम कर चुकल बाड़े. वइसे इहो बतावल जा सकेला कि राजीव दिनकर बतौर सहायक कोरियोग्राफर रवि किशन के उनुका पहिलका भोजपुरी फिल्म “सैयां हमार में” नचाइयो चुकल बाड़े. हाल ही में ऊ निर्देशक फिरोज खान आ निर्माता रजनीश गुप्ता के फिल्म “फौलाद” में रवि किशन खातिर नृत्य निर्देशक बनल रहले.
(स्रोत – उदय भगत)
270 total views, 2 views today