रिंकू घोष खोजऽतारी ‘मेरी सिस्टर का दुल्हा’

by | Dec 11, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के मन में कब का आ जाव केहू ना जाने. अब रिंकू घोष चाहत बाड़ी कि भोजपुरी में एगो फिलिम बने जवना के नाम होखे ‘मेरी सिस्टर का दुल्हा’. जब उनुका से पुछल गइल कि ई कइसे हो सकेला त ऊ हँसत कहली कि जब ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ हो सकेले त फेर ‘मेरी सिस्टर का दुल्हा’ काहे ना?

वइसे इहो जान लीं कि एह घरी रिंकू घोष गिटार बजावल सीखे में लागल बाड़ी. का कवनो फिलिम में रिंकू घोष ‘पॉप स्टार’ बने वाली बाड़ी का. अग५ अइसन भइल त ऊ पहिलका भोजपुरी नायिका होखीहें जे कवनो फिलिम में इलेक्ट्रानिक गिटार बजावत पॉप स्टार बनल नजर अइहें. गिटार सीखे के वजह कहीं ई त ना कि ऊ कैटरीना कैफ के ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ जइसन कवनो किरदार करे वाली बाड़ी.

रिंकू घोष अपना दौर के सगरी भोजपुरी नायिकन से बहुते आगा निकल गइल बाड़ी. फिल्म फेयर में रिंकू घोष पर तारीफ करत फीचर छपल. बांबे टाईम्सो में रिंकू पर फीचर निकलल. टीवी 9 खातिर रिंकू घोष के इंटरव्यू जानल मानल नायिका वर्षा उषागांवकर कइली. हर साल अपना भूमिका ला अवार्ड जीतते रहेली. सगरी बड़का सितारन संगे फिलिमो करत बाड़ी.

रिंकू घोष के बहुते मेहनती एक्ट्रेस मानल जाला जे अपना किरदार ला जान लगा देली.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up