भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द आ मोनालिसा के जोड़ी स्क्रीन पर हमेशा जमेला. एह जोड़ी के पिछला फिल्म “जाड़े में बलमा प्यारा लगे” सुपर डुपर हिट रहे. अब ई जोड़ी “तुलसी बिन सूना अँगनवा हमार” में पारिवारिक जोड़ी बन के आ रहल बिया. लोग कहत बा कि ईहो फिल्म दर्शकन के दिल जीते में सफल रही. पिछला दिने एह फिल्म के एगो गाना का शूटिंग में विनय आनन्द आ आयटम गर्ल सीमा सिंह के जबरदस्त डांस के शूटिग भइल जवना के देखे खातिर जेमिनी स्टूडियो खचाखच भरल रहे. फिल्म में रुबी सिंह के किरदारो मुख्य नायिका के बावे. विनय आनन्द के पिछला दिने रिलीज फिल्म “दामिनी” आ “ननिहाल” के सुपर सफलता मिलल रहुवे. विनय आनन्द हर तरह के किरदार लाजवाब तरीका से कर देखावेले.


(स्रोत – शशिकान्त सिहं)

 243 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: