भोजपुरी सिनेमा के मशहूर खलनायक संजय पाण्डेय फिल्म “बुलन्दी” खातिर एगो नया बाना धइले बाड़ें जवना के देख के सभे चउँक जाई. ई बाना संजय पाण्डे के एगो पकिया भोजपुरी लुक दिहले बा. फिल्म के निर्देशक अशोक त्रिपाठी अत्री जब संजय पाण्डे के उनकर लुक देखवले रहले त पहिला बेर त खुद संजयो चउँक गइल रहलन. कहलें कि “बुलन्दी” में उनकर किरदार एकदम से हार्डकोर निगेटिव बा आ ई फिल्म कमाल के होखे जा रहल बा. संजय पाण्डे अबले जतना फिलिमन में खलनायक के रोल कइले बाड़न सगरी सुपर डुपर हिट रहल बाड़ी सँ. “बुलन्दी” के निर्माण एगो कार्पोरेट कंपनी करत बिया आ ओकर गंभीरता के अन्दाजा एहसे लगावल जा सकेला कि संजय पाण्डे के किरदार के विग बनावे में २६ दिन लागल तब जा के ऊ विग बनल. फिल्म में विजय लाल यादव आ दीपक दूबे बतौर नायक काम कर रहल बाड़े. संजय पान्डे के नाय लुक पर सभे उनुका के बधाई दे रहल बा.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)
300 total views, 2 views today