सईंया ड्राइवर बीबी खलासी के कंडक्टर बाड़े अंजनी कुमार

मशहूर निर्देशक प्रकाश जा आ महेश मंजरेकर के सहायक रहल आ महुआ टीवी के लोकप्रिय धारावाहिक “इम्तिहान” के निर्देशक अंजनी कुमार अब भोजपुरिया परदा पर “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी” नाम के संपुर्ण पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिल्म ले के आ रहल बाड़न. आलवेज बी पोजिटिव पिक्चर्स आ रचित क्रियेशंस का बैनर में बनत एह फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह, स्टार अदाकारा रिंकू घोष, अवधेश मिश्रा, नीलिमा सिंह, राजीव कुमार, वसंत कुमार, राजेश राजा आ नवोदित अनुज गुप्ता के मुख्य भूमिका बा. हॉट आयटम डांसर सीमा सिंह के एगो फड़कदार आयटमो बा एह फिल्म में. गीत बिनय बिहारी आ संगीत प्रियदर्शन पाठक के बा.

पिछला दिने एह फिल्म के शूटिंग हाजीपुर, सोनपुर आ पटना के कुछ लोकेशन पर करावल गइल. अनुज कुमार आ अंजनी कुमार के निर्माण एह फिल्म में निर्देशन अंजनी कुमार के बा. अंजनी कुमार के कहना बा कि पारिवारिक जिनिगी के गाड़ी के ड्राईवर सईंया होले त बीबी खलासी जे जिनिगी के सजा सँवार के साफ राखेली.

शूटिंग पूरा हो गइला का बाद आजुकाल्हु एकर संपादन के काम जोरशोर से चल रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

One thought on “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी के कंडक्टर बाड़े अंजनी कुमार”
  1. rinku ji ap bhojpuri filmo ki jaan hai. ap ko har darshak pasand kar rha hai.

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up