khesarilal3सिनेमा भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव साल 2012 के सबले सफल अभिनेता रहलन. ‘साजन चले ससुराल’ से खेसारीलाल भोजपुरी परदा पर इंट्री मारे वाला खेसारीलाल के पाँच गो फिलिम एह साल प्रदर्शित भइली स. पहिलका फिलिम ‘जान तेरे नाम’ के निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद रहलन आ फिलिम सगरी बिहार, यू. पी., मुंबई में ऐतिहासिक व्यवसाय कइलसि आ साल के सबले बड़ हिट फिलिम रहल. सिनेमेघर में एह फिलिम के बिजनेस द करोड़ के रहल. दर्जनो जगहा पचासा लगवलसि ई फिलिम.

खेसारी के दूसरकी फिलिम रहल निर्माता आलोक कुमार के प्रेमांशु सिंह निर्देशित ‘देवरा पे मनवा डोले’. बढ़िया पारिवारिक कहानी आ संगीत से सजल ‘देवरा पे मनवा डोले’ भयंकर गरमी में रिलीज भइला का बावजूद बढ़िया व्यवसाय कइलसि आ इहो बॉक्स ऑफिस पर हिट रहल. तिसरकी फिलिम रहल राजेश-पप्पू के बनावल आ अरविंद चौबे के निर्देशित ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’. ई फिलिम सगरी बिहार आ मुंबई में शानदार बिजनेस करे में सफल रहल. एकरा बाद छठ पर खेसारीलाल के दू गो फिलिम प्रदर्शित भइली स. राजकुमार पाण्डे निर्मित-निर्देशित ‘नागिन’ बिहार में ऐतिहासिक व्यवसाय कइलसि त ‘लहु के दो रंग’ फिलिमो बिहार आ मुंबई में शानदार व्यवसाय करे में सफल रहल.

एह साल खेसारी के पाँचों प्रदर्शित फिलिमन से निर्माता वितरक आ सिनेमाघर मालिक मुनाफा कमइले. अपना एह सफलता ला खेसारी दर्शकन के प्यार के आभार जतवले. आ एही लोग का प्यार का बदौलत खेसारी निश्चिंत बाड़न कि साल तेरहो में सफलता मिली उनुका.


(प्रशांत निशांत)

 373 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: