फैसल फिल्म्स अउर काका फिल्म्स के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘सोहाग दान’ के भव्य संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के जिप ट्रैक रिकार्डिंग स्टूडियो, अंधेरी (प.) में गायक राजा हसन, इंदू सोनाली खुशबू जैन, मोहन राठौर, रूपेश मिश्रा अउर आलोक कुमार के गावल गीत का साथे करावल गइल. एह फिल्म में कुल 9 गो गाना बा.

फिल्म के निर्माता नाजिर हुसैन, जफरुल्लाह सिद्दीकी आ बंधु भाई हउवें, जबकि निर्देशक मेराज खान. फिल्म के गीतकार-संगीतकार साजन सरहदी, कथा-संवाद लेखक जे.जे. शेख, पटकथा लेखक अवधेश वर्मा, नृत्य निर्देशक संतोष कुमार, कैमरा मैन दिलीप जॉन आ फाइट मास्टर दिलीप यादव हउवें. अनेके भोजपुरी फिलिमन में अपना खलनायिकी के तेवर देखा चुकल अयाज खान एह फिल्म से बतौर नायक काम करत बाड़े. उनुका अलावे एह फिल्म में बिपिन चन्द्रा, रश्मि श्रीवास्तव, नैना श्रीवास्तव आ आइटम गर्ल्स सीमा सिंह अउर पूनम गौतम नजर अइहें.

फिल्म के मथैला बतावते बा कि एकर कहानी एगो औरत के प्यार आ बलिदान पर आधारित बावे. फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से कुशीनगर आ गोरखपुर में शुरू होखी.


(समरजीत के रपट)

 319 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: