भोजपुरी फिल्म “तू जान हऊ हमार” एही २५ फरवरी से रिलीज होखे जा रहल बा. यशी फिल्म्स का बैनर में अभय सिन्हा के बनावल एह फिल्म में भोजपुरिया सुपर स्टार पवन सिंह आ हॉट अदाकारा मोनालिसा मुख्य किरदार में बाड़े. एह लोग का अलावे फिल्म में भोजपुरी महानायक कुणाल सिंह, अवधेश मिश्रा, उपासना सिंह, देव मल्होत्रा, पुष्पा वर्मा आ आनन्द मोहन वगैरह शामिल बाड़े. फिल्म के गीत विनय बिहारी के, संगीत राजेश गुप्ता के, छायांकन हीरा सरोज आ निर्देशन पप्पू खन्ना के बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

By Editor

One thought on “२५ फरवरी से रिलीज हो रहल बा तू जान हऊ हमार”

Comments are closed.