अंजना का जनम दिन पर लचकलें भोजपुरिया सितारा

by | Aug 10, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बनल अभिनेत्री अंजना सिंह के जनम दिन पर मुंबई के एगो पब में भोजपुरिया सितारन के जमावड़ा लागल आ सबही भोजपुरी गानन पर जम के ठुमका लगवलें.

मुंबई के क्लब एस्केप में मंगल का दिने अंजना सिंह धूम धाम से आपन जनमदिन मनवली. एह मौका पर उनुका के बधाई देब चहुँपलें रवि किशन, दिनेश लाल यादव निरहुआ, पंकज केसरी, सुदीप पाण्डे, खेसारी लाल यादव, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डे, सूर्या, राजेश राज, पाखी हेगड़े, पायल सेठ, फ़रीन शेख, डोल्फिन, जगदीश शर्मा, इक़बाल बक्श, सुशील उपाध्याय, मंजुल ठाकुर, रवि शर्मा, अनिल कुशवाहा वगैरह.

एह जनमदिन पार्टी में चार चाँद लागल अभिनेता अभिनेत्रियन के डांस से. अंजना सिंह ख़ुशी के इजहार करत कहली कि जनमदिन के पार्टी त बहाना भर रहुवे. दरअसल ऊ भोजपुरी फिल्म इंडसट्रीज़ से जुड़ल सगरी लोग के शुक्रिया अदा कइल चाहत रहली काहे कि थोड़ही दिन में उनुका सभकर साथ मिल गइल. अपना डेढ़े साल का कैरियर में रवि किशन संगे शुरुआत करे वाली अंजना के सगरी भोजपुरी सितारन संगे दू गो भा बेसी फिलिम करे के मौका मिलल. भोजपुरी के नयका सुपर स्टार खेसारी लाल यादव संगे त ऊ चउथा फिलिम करत बाड़ी “दूध का क़र्ज़” जवना के शूटिंग चलत बा.


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up