अंजना सिंह बनली सभकर पसंदीदा

by | Jul 20, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के नयकी तारिका अंजना सिंह भोजपुरी फिल्म जगत के इकलौती अभिनेत्री बाड़ी जे एके साथ चार गो बड़हन फिल्म करत बाड़ी. आ उहो तब जब उनुकर एकहू फिलिम अबही ले रिलीज़ नइखे भइल. निर्माता रजनीश गुप्ता आ निर्देशक फ़िरोज़ खान के खोज अंजना के ऊ दुनु लोग पहिला बेर महुआ टीवी के धारावाहिक भाग्य ना बांचे कोई में देखले रहल आ अंजना के अभिनय क्षमता देखके अपना फिलिम फौलाद खातिर मुख्य अभिनेत्री चुन लिहल लोग.

फौलाद में अंजना के नायक बनल बाड़न भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन. शूटिंग का दौराने अंजना के अभिनय के तारीफ़ हर ओर होखे लागल आ फौलाद के शूटिंग खतम होखते मशहूर निर्देशक राज कुमार आर. पाण्डेय अंजना के अपना फिल्म ट्रक ड्राइवर में सुपर स्टार पवन सिंह का साथ काम करे के मौका दे दिहलन. हालही में एह फिल्म के शूटिंग पटना में पूरा भइल बा. ई अंजना के अभिनय क्षमता के प्रताप बा कि ई अब फिल्म लावारिस में पवन सिंह का साथे आ कईसन पियवा के चरित्तर बा में रवि किशन का साथे नज़र अइहन. बहरहाल अंजना सिंह साबित कर दिहली के प्रतिभा पहिचान के मोहताज़ ना होले आ ओकरा के परखे वाला जौहरी भेंटाइये जाले.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up