अंजन टी॰वी॰ पर ‘कोयला’ धारावाहिक

by | Dec 25, 2012 | 0 comments

koylaभोजपुरिया के सम्पुर्ण मनोरंजक चैनल अंजन टी॰वी॰ पर एगो नया धारावाहिक ‘कोयला’ के प्रसारण शुरू भइल बा जवन एगो साहसिक, ईमानदार, अउर अनुशासित महिला सुगंधा के कहानी ह. सुगंधा धनबाद के कोयला कंपनी में मैनेजर बन के आवत बाड़ी त ई बात पूरा कोयलांचल में चरचा के बात बन जात बा काहे कि पहिला बेर कवनो औरत एह पद पर आइल बाड़ी. कोयलांचल में माफिया, भ्रष्टाचार आ खून-खराबा आम बात होला बाकिर सुगंधा के काम काज से माफिया आ भ्रष्ट अधिकारियन के छक्का छूटे लागत बा. गँवे गँवे मजदुर आ गरीबन में सुगंधा लोकप्रिय हो जात बाड़ी. एह लोकप्रियता से गलत लोग सुगंधा के जान के दुश्मन बन जाता आ उनुका के एगो फर्जी केस में फंसाके नौकरी से निकाल दिहल जात बा. एकरा बाद धनबाद के जिलाधिकारी से मिलके सुगंधा माफिया आ भ्रष्ट अधिकारियों के खिलाफ मोर्चा खोल देत बाड़ी.

अंजन टी॰वी॰ एह धारावाहिक के माध्यम से कोयलांचल के असली हालात उजागर करत बा. एक्शन, भावना, आ पारिवारिक माहौल पर आधारित एह धारावाहिक के हर सोमार से बियफे ले रात 8.30 बजे से होला.

एह धारावाहिक में उषा सिंह, पंकज बेरी, किशन भान, सुधांशु शरण, अजय यादव, अर्चना सिंह, नैना सिंह, पंकज कुमार, मेहनाज, विजय शुक्ला, अनिता रस्तोगी के भूमिका बा. एकर निर्माण बसंती देवी अउर उषा सिंह, आ निर्देशन रंजन कुमार कइले बाड़न.


(इंटरटेनमेंट मीडिया)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up