‘अंतिम तांडव’ क संगीतमय मुहूर्त भइल

by | Apr 28, 2012 | 0 comments

नंद किशोर फिल्मस एण्ड इंटरटेन्मेंट के बैनर तरे बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘अंतिम तांडव’’ क संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने अंधेरी के एमफारयू स्टूडियो में कइल गइल. एह मौका पर फिल्म उद्योग के अनेके गणमान्य लोग उपस्थित रहल जइसे कि राकेश त्रिपाठी, बाबी सिंह, सचिन यादव, लवी श्रीवास्तव, रमाकांत मिश्रा, संजय भूषण पटियाला, मंटू लाल, पवन झा, मनोज श्रीपति झा, मनोज द्विवेदी अखिलेश राज वगैरह

निर्माता दिलीप शर्मा के एह पहिलका फिलिम मे नायक बाड़े विराज भट्ट. दस गो गाना भरल एह फिलिम में एक्शन आ कॉमेडीओ भरपूर मिली. शूटिंग 20 मई से बिहार के मधुबनी झंझारपुर, दरभंगा शहर में कइल जाई. फिल्म के प्रस्तोता हउवें झलकू शर्मा, लेखक राकेश त्रिपाठी, निर्देशक योगेन्द्र सिंह, गीतकार फणींदर राव, अशोक सिन्हा, आ राजेश मिश्रा, संगीतकार छोटे बाबा, छायांकन देवेन्द तिवारी के, नृत्य निर्देशक संतोष सर्वदेशी, फाइट मास्टर हीरा यादव हउवे.

मुख्य कलाकार में विराज भटट, शुभम तिवारी, स्मृति सिन्हा, संजीत स्वराज, विनोद मिश्रा, देव सिंह आ सोनू झा शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up