अजय दीक्षित के बागी तेवर

by | Mar 27, 2011 | 0 comments


आदमी अइसहीं बेवफा ना बन जाला आ कुछ एही तर्ज पर कहीं त केहू अइसहीं बागी बना हो जाला. बगावत का जड़ में बहुते बेबसी दबल छिपल होले. लेखक निर्देशक ए.आर.एस. सरकार के फिल्म “बागी” में अजय दीक्षित अपना पर होखे वाला अत्याचार, अनाचार का चलते “बागी” बन जात बाड़े. “बागी” आम भोजपुरी फिल्मन का तरह ना होके लीक से हटके बनल फिल्म बा जवना में एगो नीमन कहानी के मनोरंजन का चासनी में डालत फिल्मावल गइल बा. ई एगो प्रयोगधर्मी फिल्म ना जे सर्वहारा आ सामंती सामाजिक व्यवस्था का बीच के द्वन्द के बेबाकपन का साथे बयां करे जा रहल बा. डॉक्टर जे.एन.फिफ्टी सिस प्रोडक्शन आ ए जे एम फिल्म्स आ स्कूल डिविजन के प्रस्तुति “बागी” के निर्माता एआर.एस. सरकार, शकील खान अउर मंसूर आज़मी हउवें. फिल्म में शीर्षक भूमिका में अजय दीक्षित आ उनकर हमराह बनल बाड़ी नवोदित रानू पाण्डेय. फिल्म के बाकी मुख्य कलाकारन में विजय खरे, सीमा सिंह, श्रवण कुमार सक्सेना, संतोष कौशिक , शंकर सिंह, विजय शुक्ला, भानु पाण्डेय, वाहिद हासमी , रोज़ा आ शिव कुमार बाड़े. राज इन्द्र राज के मधुर संगीत से सजल एह फिल्म के गीतकार साहिल सुल्तानपुरी आ पवन मिश्रा हउवें. डॉ. अशोक जैन आ अनीता जैन के प्रस्तुति “बागी” के शूटिंग पिछला दिनों मुंबई से २०० किलोमीटर दूर पालघर में करावल गइल. आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम जोर शोर से चल रहल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up