अनुभव मोशन पिक्चर्स के फिलिम के लाँचिंग

by | Oct 6, 2012 | 0 comments

दूरदर्शन ला अनेके टेलीफिल्म्स बना चुकल अनुभव मोशन पिक्चर्स पिछला दिने आपन पहिला भोजपुरी फिलिम के मुहूर्त धूमधाम से मुंबई के लोखंडवाला के एम4यू स्टूडियो में गायक विनोद राठौड के आवाज़ में गाना रिकार्ड करा के कइलसि. दूरदर्शन खातिर कोहरा, कुंवारे हैं हम, बिखरता परिवार, विशवासघात, कुदरत की आवाज़ समेत अनेके टेलीफिल्म्स आ धारावाहिक बना चुकल आ लखनऊ के भवन निर्माता नीरज यादव एह फिलिम के निर्माता हउवें. निर्देशन करत बाड़ें भोजपुरी के एकमात्र राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद डी. गहतराज.

निर्माता नीरज यादव आ निर्देशक आनंद गहतराज के कहना बा कि ई फिलिम महिला प्रधान होखी आ उत्तर प्रदेश अउर बिहार के भठियारा राजनीति पर बनावल जाई. शूटिंग अगिला महीना शुरू करे के बात बतावल लोग. फिलिम के केंद्रीय भूमिका में भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह बाड़ी आ भठियारा नेता बनीहें खुद नीरज यादव. गीत संगीत एस. कुमार के रही, लेखक हउवें मनोज पाण्डे, कैमरा मैन एन. पटेल आ एक्शनमास्टर जीतू सिंह बाड़ें. बाकी कलाकारन के चुने के काम चलत बा.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up