अब अंजना सिंह के एक्शन देखी जमाना

by | Apr 22, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक कहाएवाली अंजना सिंह के अबही ले दर्शक हीरो का साथे नैन मटक्का करते देखले बा बाकिर अब अंजना सिंह के जोरदार एक्शन देखे के मिले वाला बा. निर्देशक बाली के फिल्म “मर्द तांगेवाला” पुलिस इंसपेक्टर बनल अंजना सिंह के कहर फ़िल्मी गुंडन पर टूटल बा. बहुते कम समय में भोजपुरी सिनेजगत में आपन जगहा मुकम्मल करा लेबे वाली अंजना एह फिल्म में एक्शन का साथे विराज भट्ट संगे रोमांसो करत लउकीहें. विराजो भट्ट एह फिल्म में पुलिस अधिकारी बनल बाड़े.

अपना किरदार का बारे में बतियावत अंजना सिंह बतवली कि कानून के दुश्मनन के डट के मुकाबला करेवाली ई पुलिस अधिकारी का लगे एगो मासूम दिलो बा आ ओकरा कवनो आम लड़िकी क तरह प्यारो होखत बा. एह फिल्म में उनुकर हर अदा दर्शकन का सामने आई. फिल्म के शूटिंग पूरा हो गइल बा.

अंजना सिंह के रिलीज खातिर तइयार फिलिमन का सूची में लावारिस, देवरा पर मनवा डोले, दिल ले गइल ओढनिया वाली, एक बिहारी सौ पे भारी, वर्दी वाला गुंडा वगैरह शामिल बा.


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up