अब अग्निवेश के हकीकत जान जाई सगरी दुनिया – मनोज तिवारी

by | Nov 14, 2011

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अभिनेता, गायक आ रियलिटी शो ‘बिग बॉस’ सीजन-4 के प्रतिभागी रहल मनोज तिवारी स्वामी अग्निवेश के बिग बॉस के घर में गइला पर कहले बाड़न कि अग्निवेश एकदम सही जगहा चहुँप गइल बाड़न आ अब उनकर असलियत पूरा दुनिया जान जाई. कहलन कि स्वामी अग्निवेश के व्यक्तित्व के बढ़िया से पोस्टमार्टम कइला का बाद उनुका के बाहर निकाल दिहल जाई. ‘बिग बॉस’ सीजन-4 से खुद बहुते विवाद का बाद ‘बेघर’ भइल मनोज तिवारी एह बारे में बेहतर जानत होइहें. कहलन कि हुए तिवारी ने
कहा, ‘हम देखब कि बिग बास का घर में स्वामी अग्निवेश खुद के कतना जाहिर करत बाड़ब आ कतना लुका लेत बाड़न.’

पिछला लोकसभा चुनाव में गोरखपुर सीट से सपा के टिकट पर चुनाव लड़े वाला मनोज तिवारी सियासत से तौबा कर लिहले बाड़न आ कहले कि राजनीति में छवि खराब हो जाले. अपना बारे में तिवारी के कहना रहल कि लोग उनुका के एगो अभिनेता आ गायके के तौर पर पसन्द करेले.

दिल्ली के रामलीला मैदान में अन्ना हजारे के आंदोलन के दौरान मंच पर नजर आइल तिवारी कहलन कि ऊ भठियरपन का सख्त खिलाफ हउवें आ एह बुराई का खिलाफ कवनो आंदोलन के खुला समर्थन करीहें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up