अब संगीत निर्देशनो करीहें पवन सिंह

by | Mar 21, 2012 | 0 comments

भोजपुरिया लोकगायिकी के दुनिया के मंच पर खास जगह दिआवे वाला पवन सिंह गायिकी में झंडा बुलंद कइला का बाद भोजपुरिया परदा पर अपना अभिनयो के गहिर छाप छोड़लन. उहे सुपरस्टार पवन सिंह अब जल्दिये एगो नया विभाग में नजर अइहें. हमेशा से दोसरा के बनावल धुन पर आपन मधुर तान छेड़े वाला पवन सिंह अब खुद अपने बनावल धुन पर गावे वाला बाड़न.

पवन सिंह के संगीत निर्देशन में जवना फिल्म के गाना के रिकोर्डिंग शुरू भइल बा ऊ फिल्म हवे गुंडई राज फेम फिल्म निर्माण कंपनी मिथिला टाकिज के “राखेला शान भोजपुरिया जवान”. निर्माता मनोज चौधरी के एह फिल्म के निर्देशक हउवन राजू जे ढेर दिन ले मशहूर निर्देशक पार्थो घोष के सहयोगी रहल बाड़न.

अपना छह साल का कैरियर में पवन सिंह फिलिम आ अलबम खातिर हजारो गाना गा चुकल बाड़े. एहनी खातिर दर्जनो संगीत निर्देशक धुन तइयार कइलन. अब ई पहिला मौका होई जब पवन सिंह खुद कवनो फिल्म के संगीत धुन रचीहें. एह फिल्म के नायको उहे हउवें.


(उदय भगत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up