अरे, रंग बरसे भीजे चूनरवाली.. अरे कैसे रे भाई !

by | Mar 21, 2014 | 1 comment

jayanti-pandey

– जयंती पांडेय

बाबा लस्टमानंद आ रामचेला फगुआ में कोलकाता अइले. उहां मिडल क्लास में पढ़े वाला उनकर नाती जब पूछलस कि बाबा हो ‘रंग बरसे भीजे चूनर वाली..’ गीत के माने का होई. सांचो हो पहिले त बाबा कबीर कहत रहले ‘बरसे कमर भीजे पानी’ अब त भीजल चूर वाली के चुनरिया से रंग कइसे बरसी हो भाई. जवन पानी से पियास मेट जाला चाहे आग बुता जाला ऊ पानी कइसे आगि जरा दी? हालांकि चुनाव तूफान के असर शुरू हो चुकल रहे. तबो बाबा कुछ ना बोलले. जब ऊ लईका एकदम जिदीया गइल आ रामचेला मुस्किया के कहले कि बाबा तहार सब अकिलिये गुम हो गइल बा. तब बाबा कहले कि बबुआ तहरा ना बुझाई काहे कि अभी ओतना समझदार नईखऽ भइल. लेकिन बालहठ त बालहठ ह. ऊ कहले, सांचो पानी से आगि लागेला. एकरा के पानी ना परीक्षक बूझऽ, परीक्षक. ई होला त स्वयं तरल, मगर परीक्षा लेला बहुत कड़क.

अब देखऽ, ई बरसत पानी केतना लोग के परीक्षा लेला – नाली जाम ना होखो एकर परीक्षा लेला, सीवर जे बा से रीवर (नदी) ना बने, कूड़ा-कर्कट अपना जगह जमल रहे के, नाला सबके ना उफने की, नवका सड़कन के आपन फिगर मेंनटेन रखे की, पुरान सड़कन के अपना देहि पर बनल गड़हन के पोखरा ना बने देवे के, लाइट के रोशन रहे के, पम्पिंग सेट के रुक-रुक के ना चले के, संक्रामक रोग के फैले के तेज रफ्तार के, ट्रांसफार्मर के खुद से जर जाये से बचावे से, लोहा के खंभा के करंट के लागे से बांचे के, लबालब पानी में लुकाइल खुलल मेनहोल के पावे के, आदमी के टोहू प्रवृत्ति यानी सिक्सथ सेंस के, वीआईपी एरिया के आपन प्रेस्टीज बचावे के, समय पर कार्यालय आवे के, देर से घर ना पहुंचे के, उफ! ई बरसत पानी परीक्षा ना अग्निपरीक्षा लेवे ला, अग्निपरीक्षा !

काल तक जवना शहर के हम सोना के लंका समझत रहीं, थोड़की से बरखा ओकरा के पल भर में भस्म कर दिहलस. आ हम दुख के दरिया में ना पूरा तरह से डूबऽतानी ना उतरातानी. कुछ देर खातिर बरसात, आ बाद में व्यवस्था एकरा सामने पानी मांगने पर विवश. एगो शेर बा न कि ‘ये बरसात नहीं आसां, बस इतना समझ लीजे, एक आग का दरिया है और व्यवस्था को डूब के जाना है.’ एकरा के बरसात के आग उगिलल ना कहल जाई त का कहल जाई. अफसर-बाबू बने के खातिर इहां एक बेर परीक्षा पास करे के परेला. मगर ई माटी लगवना बरसात त हर साल परीक्षा लेला. दोसर सब परीक्षा से त बांचल जा सकेला. माई-बाप लाख कहत रहे, ना देहलऽ कवनो परीक्षा. पर बरसात त सब केहु के परीक्षा लेले. आ ई परीक्षा में नकलो के ज्यादा गुंजाइश ना होला. इहो ना कि मौसा या चाचा से कहवा के पैरवी से अंक नम्बर बढ़वा लीं. बहुत जबर्दस्त परीक्षा ह भाई.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

1 Comment

  1. ओमप्रकाश अमृतांशु

    बहुत नीमन।।।।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up