आम आदमी के हीरो संजीव राजपूत

by | Sep 11, 2011 | 0 comments

वइसे त भोजपुरी आम आदमी के सिनेमा ह, लेकिन भोजपुरी के परचम उठाके घूमे वाला नायक अब आम ना रहि के खास हो गइल बाड़े. ब्रांडेड कपड़न आ स्विस घड़ियन के शौक़ीन भोजपुरी सितारन का भीड़ में एगो नया अभिनेता बहुते गँवे गँवे सफलता के सीढ़ियन पर चढ़त जात बा. आम आदमी के ई हीरो हउवन संजीव राजपूत.

बिहार के एगो छोटहन गाँव गुठनी से मुंबई तकले के सफ़र ई ठीक ओही तरह तय कइले जइसे कवनो आम आदमी. ज़ाहिर बा कि आम से खास हो जाए का बीच के पीड़ा से ऊ बखूबी वाकिफ़ होखीहें. एही वजह से सैकड़ों एल्बम में एक्टिंग आ रायटिंग कर के नाम आ दाम दुनु हासिल कर लिहला का बादो ऊ खुद के आम आदमी से जुड़ल राखल पसंद करेलन. भोजपुरी फिल्म “ई कईसन संसार” से एक्टिंग के शुरुआत करे वाला संजीव राजपूत के अगिला फिलिम हिय “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा”.

लेखक-निर्देशक महमूद आलम के एह फिल्म में संजीव राजपूत मनोज टायगर के जोड़ीदार बनल बाड़न. एकरा अलावे संजीव के अउरियो तीन गो फ़िलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ, जवना में “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा”, “जय लक्ष्मी मईया” आ “प्यार कईके देख लऽ” शामिल बा. संजीव राजपूत मुंबई के एगो प्रतिष्ठित एक्टिंग संस्थान से एक्टिंगो सिखलें आ बरीसन ले अध्यापन आ लेखन कइले. बाकिर अब ऊ पूरा तरह एक्टिंग में मशगूल बाड़े.

बकौल संजीव राजपूत एक्टिंग सिखे सिखावे के चीज़ ना होले. हर इंसान में एक्टिंग के बिया मौजूद रहेले, ज़रूरत पड़ेला बस ओकरा के अँकुरावे के. “प्यार के बंधन ना टूटे मितवा” का सफलता का बारे में संजीव राजपूत बहुते आश्वस्त बाड़न. उनुकर मानीं त भोजपुरी फ़िलिम अपना मूल परिवेश से कटत जात बाड़ी सँ आ एही चलते दर्शको एकरा से कटत जात बाड़े. का हमनी के इंडस्ट्री आम आदमी के एह हीरो के सलाह पर गौर फरमाई ?


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up