आवे वाली फिल्म "गलवा तोहार टमाटर हौ गोरिया"

by | Jul 28, 2012 | 0 comments

बाबा चंदन इंटरनेशनल के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘‘गलवा तोहार टमाटर हौ गोरिया’’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एह फिल्म के निर्माता भईया लाल सेठ आ निर्देशक विजय कृष्ण चतुर्वेदी हउवें.

फिल्म के कहानी पन्द्रह बरीस लंदन में पढ़ाई कर के सूरज (प्रमोद सिंह) के लवटला से शुरु होखत बा. सूरज के पिता विक्रमादित्य सिंह (सुधीर पांडे) अउर माँ (रश्मि शर्मा) एह वापसी के बरीसन से तिकवत रहलें. गाँव अइला पर सूरज के मुलाकात एगो अल्हड़, चंचल लड़की चंदा (रानी चटर्जी) से होत बा आ दुनु एक दोसरा से प्यार करे लागत बाड़ें. चंदा पर गांव के एगो बदमाश कुंदन सिंह (उदय श्रीवास्तव) के नजर पहिले से बा आ एह चक्कर में ऊ जेलो के सजा काट आइल बा. कुंदन आपन मतलब पूरा करे ला रतिया (इरशाद खान) के इस्तेमाल करत बा. चंदा के सगाई बचपने में रतिया से हो गइल रहे. सूरज के पता चलत बा कि कुंदन ओकर मामा ह. ओने ठाकुर के पता चलत बा कि सूरज छोट जाति के लड़िकी से प्यार करत बा त ओकरा के घर से निकाल देत बाड़ें. अब देखे के होखी कि समाज अउर घर के विरोध के बावजूद का सूरज चंदा के हासिल कर पावत बा ?

एह फिल्म में रानी चटर्जी, प्रमोद सिंह, उदय श्रीवास्तव, सुशील सिंह, दिनेश चतुर्वेदी, अनूप जलोटा, इरशाद खान, रश्मि शर्मा, अशोक सेठ, मोना रे, मंदाकिनी, अंकिता, राजेश तोमर, जफ़र खान, अष्टभुजा मिश्रा, अभिलाषा सिंह, नीलम सिंह अउर सुधीर पांडे के प्रमुख भूमिका बा, सह-निर्माता संजय सेठ, कथा-गीत भईयालाल सेठ के, संगीतकार कनक राज, कैमरामैन अशोक चक्रवर्ती, पटकथा-संवाद कन्नन अय्यर के, संकलन दीपक कपूर के, एक्शन आर.पी. यादव के आ कोरियोग्राफी अश्विनी अउर दिलीप मिस्त्री के बा.


(समरजीत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up