एक्शन रोमांस से भरल फिल्म ‘बजरंग’

by | Feb 15, 2012 | 0 comments

भोजपुरी की सुपर डुपर हिट फिल्म ‘गईल भईंसियां पानी में’ आ ‘पायल’ का बाद निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह के नइकी फिल्म ‘बजरंग’ भोजपुरी वर्ल्ड में चरचा के विषय बा. कहल जात बा कि जबरदस्त एक्शन से भरल ‘बजरंग’ सफलता के जबरदस्त हंगामा मचाई. एकर प्रदर्शन जल्दिये बिहार समेत पूरा देश में होखे जात बा.

फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के मुख्य जोड़ी का अलावे संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह के खास भूमिका बा. निर्देशक हउवन नंद किशोर महतो. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार के वास्तविक लोकेशनन पर भइल बा. निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के कहना बा कि ‘बजरंग’ में एक्शन का साथेसाथ रोमांस आ कॉमेडी के भरपूर मसाला बा. निर्देशक नंद किशोर महतो के कहना बा कि निर्माता दिल खोल के खरचा कइले बाड़े एह फिल्म पर. एह निर्देशक आ निर्माता जोड़ी के ई तिसरका फिलिम हवे. गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दुबे आ विनोद पासवान के लिखल, संगीत ओम झा के रचल आ कहानी संतोष मिश्रा के लिखल हवे.लोग के कहना बा कि ई एगो ब्लाक बस्टर फिल्म होखी.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up