’कयामत से कयामत तक’ करे से रानी चटर्जी मना कर दिहले रही – सलीम

by | Jan 9, 2013 | 0 comments

salim-ansariअमीना मूवी क्रिएशन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’कयामत से कयामत तक’ के प्रचार प्रसार जोर शोर से चलत बा. नवही पीढ़ी पर बनावल एह संगीतप्रधान रोमांटिक फिलिम के गाना बिहार आ यू पी के शहरन में अपना लोकप्रियता के झंडा गाड़ दिहले बाड़ी सँ. उदित नारायण, कुमार शानू, अभिजीत भट्टाचार्या, रेखा राव, खुश्बु जैन जइसन दिग्गज गायकन के सुरीला आवाज से सजल एह फिलिम के सगरी गाना सुनेवालन के कान से होत दिलो दिमाग पर चढ़ गइल बाड़ी सँ. एह फिलिम के देखे खातिर दर्शक बेसब्री से तिकवत बाड़ें. फिलिम के नमवो त इहे बा “इंतजार करब कयामत से कयामत तक”.

एह फिलिम में दू गो नायिका आ एगो नायक के कहानी बा. फिलिम के किरदार चुने ला निर्माता, निर्देशक आ अभिनेता सलीम अंसारी अभिनेत्री रानी चटर्जी के जब मीरा के किरदार करे के ऑफर कइले रहले त रानी ई कहके मना कर दिहले रही कि एह रोमाटिंक फिलिम के हीरो किशन (सलीम अंसारी) बहुते नौजवान लउकेले आ उनुका संगे हमर जोड़ी जमी ना. बेहतर होई कि केहू दोसरा के ले लिहल जाव जिनका संग हमार जोड़ी जमे. तब सलीम अंसारी मीरा के एह किरदार ला एगो नया कलाकार पुष्पा देवी के चुन लिहले आ ऊ आपन किरदार बढ़िया से कर देखवले बाड़ी. शूटिंग घरी पुष्पा के पति आ बच्चा उनकर मेहनत आ लगन देख बहुते खुश आ उत्साहित रहले. राधा के किरदार में माधुरी मिश्रा के लिहल गइल जे के वी एम में +2 के विद्यार्थी हई आ एह फिलिम के सह निर्मतो.

फिलिम के खासमखास कलाकारन में सलीम अंसारी, माधुरी मिश्रा, पुष्पा देवी, राजा मुराद, किरण कुमार, अली खान, दिपक भाटिया वगैरह बाड़े. गीतकार हउवें लीम अंसारी आ प्रभात मिश्रा, संगीतकार रविन्द्र खरे आ सुमित त्रिपाठी.

एह फिलिम के अगिला वेलेनटाइन डे का मौका पर सरस्वती पूजा के दिन, १५ फरवरी शुक, के रिलीज कइल जाई.


(दिनेश यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up