शूभ फिल्मस् के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’लैला माल बा छैला धमाल बाऽ’ के हालही में मुंबई में धूम धाम से रिलीज कइल गइल. छत्तीसगंढ के सुपर स्टार करण खान के ई पहिलका भोजपुरी फिलिम ह जवना के मुंबई में रिलीज कइल गइल बा. करण अबहीं ले पचीस गो छत्तीसगढी फिलिमन में अपान अभिनय के जलवा देखा चुकल बाड़ें.
करण खान के कहना बा कि तमन्ना रहल भोजपुरी फिलिम में अभिनय करे के. बतवलन कि जब फिलिम के प्रचार ला मुंबई के सिनेमाघरन में गइलें त भोजपुरी दर्शक बहुते सरहलें. एह लोग के हम आभारी बानी जे एतना प्यार दुलार दिहल.
एह फिलिम के निर्माता रॉकी दासवानी, निर्देशक सतीश जैन, गीतकार कुबेर-परीहार, संगीतकार सुनिल सोनी, लेखक सतीश जैन, छायाकंन करेवाला तोरण राजपूत, फाइटमास्टर कुडूतूरू बाबू, नृत्य गुरू निशांत उपाध्याय आ दिलीप बैरा, आ एडीटर स्वप्निल स्टूडियो ह.
एकर खास कलाकार बाड़ें करण खान, शिखा चिताम्बर, आशीष रोन्द्रे, संजय महानंद, हेम लाल, आ आईटम गर्ल सीमा सिंह.
(संजय भूषण पटियाला)
0 Comments