अपना समय के पाबन्दी वाली छवि बरकरार राखत भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द में अबही ले स्टार वाला नखरा नइखे आइल. काम पर समय से पहुँचे खातिर ऊ खाना नाश्ता छोड़ के चल देले. कई बेर त इहो होला कि ऊ गाड़ी चलावत रहेले आ उनकर सहायक उनुका के नाश्ता करावत रहेला. पिछला दिने चाइना क्रीक में देर रात ले “एलान ए जंग” के शूटिंग का बाद अगिला दिने फिल्म सिटी में अपना शूटिंग खातिर ऊ ठीक नौ बजे चहुँप गइले. ई देख पूरा युनिट के लोग दंग रह गइल. निर्देशक रवि सिन्हा विनय आनन्द के एह बात खातिर प्रशंसा करत कहले कि ऊ विनय आनन्द का साथे तीन गो फिल्म कर रहल बाड़े आ काम करे में आनन्द आवत बा. विनय आनन्द अपना काम का प्रति समर्पित कलाकारन में गिनल जाले आ सभे एह खातिर उनकर आदर करेला.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)
0 Comments