ओमश्री मूविज़ के भोजपुरी फिलिम ’इंसपेक्टर चांदनी’ में अव्वल अभिनेत्री रानी चटर्जी एगो अहम किरदार में नज़र अइहें. एह फिलिम में रानी एगो पुलिस इंसपेक्टर बनल बाड़ी आ एगो गानो गवले बाड़ी. कहल जात बा कि उनकर किरदार देश के पहिलका महिला आईपीएस किरण बेदी से प्रभावित बा. एह बारे में पूछला पर रानी बतवली कि जब एकर निर्माता अरूण कुमार शाह, ओम कुमार आ निर्देशक रतन राहा उनका लगे अइलन आ फिलिम के किरदार का बारे में बतवलें त ऊ सोचे सवाचे में अझुरा गइली. बाद में रानी के माई उनकर हौसला बढ़वली आ उनका के एह चैलेंज के सकारे ला तइयार कर दिली. बाद में रानी किरण बेदी का बारे में बहुते पढ़ली, उनकर वीडियों फूटेज़ देखली आ तब जा के एह ला तइयार भइली. अब जब फिलिम तइयार हो गइल बा त रानी के आपन फैसला सही लागत बा आ कहत बाड़ी कि माई के फैसला बिलकुल सही साबित भइल.
एह फिलिम के गीतकार सच्चिदानंद कवच, मुन्ना दूबे, राजेश मिश्रा, पिंटू गिरी, मधुसुदन राव आ विनोद ब्यास, संगीत दामोदर राव, लेखक अनिल विश्वकर्मा, छायांकन नन्दू चौधरी, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी, फाईटमास्टर रियाज़ सुल्तान हउवें.
मुख्य कलाकार बाड़ें रानी चटर्जी, आज़ाद कुमार, अर्पिता माली, दीपक भाटिया, सपना, सी पी भट्ट, ददन महतो, कृष्णा, दमोदर राव आ नवोदित जय सिंह.
(संजयभूषण पटियाला)
0 Comments