किशोर कुमार के राहे चललें संजय श्रीवास्तव

by | Jul 16, 2012 | 0 comments

हिंदी सिनेमन में किशोर कुमार अइसन अभिनेता रहलें जे गायक, निर्माता, निर्देशक, गीतकार, आ इहाँ ले कि संगीतकारो रहलें. अब एही राह पर चल दिहले बाड़न लेखक निर्देशक डा. संजय श्रीवास्तव. अपना फिल्म ‘मोर्चाबंदी’ के निर्माता, निर्देशक, गीतकार, संगीतकार आ लेखक सभे खुद डा. संजय श्रीवास्तव बाड़ें. जबरदस्त एक्शन, कॉमेडी अउर रोमांच से भरल एह फिल्म से संजय श्रीवास्तव बहुते उत्साह में बाड़ें.

संजय के कहना बा कि किशोर कुमार उनुकर प्रेरणा स्रोत हउवें आ उनुके से प्रेरित होके एतना सब कुछ कइलन संजय श्रीवास्तव. एह फिल्म के एगो चुनौतीवाला किरदार में संजय श्रीवास्तव नजर जरूर अइहें बाकिर मुख्य कलाकार राजीव दिनकर आ मनोज टाईगर बाड़ें. साथ में श्री कनकनी, प्रीती आ रंजीव वर्मा बाड़ें. एकर शूटिंग सुल्तानपुर में कइल गइल. रौनक क्रियेशन आ सिल्वर स्क्रीन क्रियेशन के बैनर तले बनत एह फिल्म के निर्माता हई गीता श्रीवास्तव.

एह फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ में राजीव दिनकर कमाल के स्टंट कइले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up