के॰के॰ सिंह अइले भोजपुरी फिल्म लिखे

हिन्दी सिनेमा के मशहुर लेखक के॰ के॰ सिंह अब भोजपुरी सिनेमा के कहानी, पटकथा, आ संवाद लिखे के काम दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिल्म “औलाद” से शुरु कइले बाड़न. भोजपुरी सिनेमा के सबले बड़ कमजोरी एकर कथा पटकथा होले. जबकि फिल्म “औलाद” के खास बात इहे कथा पटकथा संवाद बन गइल बा जे दर्शकन के अपना से जोड़ के रख ली. बतावल जात बा कि एह काम खातिर के॰ के॰ सिंह के एगारह लाख रुपिया दिहल गइल जवन अबले कवनो भोजपुरी फिल्म लेखक के नइखे मिलल. औलाद के निर्देशन असलम शेख के बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

One thought on “के॰के॰ सिंह अइले भोजपुरी फिल्म लिखे”
  1. भईया ई खबर त पढ के आशा जगी ब कि अब भोजपुरी म भी अच्छे लेख्क लिखै क तैयार बानी।

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up