कोलकाता के मॉडल सुजीत गुप्ता भोजपुरी में

by | Jul 9, 2013 | 0 comments

SujitGupta-DivyaDvivediकोलकाता के मशहूर मॉडल सुजीत गुप्ता अभिनय के क्षेत्र में डेग धरत भोजपुरी फिलिम “ठोक देब” से अपना पारी के शुरुवात कइले बाड़न. यश एंड राज इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत निर्देशक अजय कुमार के एह फिलिम में सुजीत गुप्ता एगो इमानदार पुलिस अधिकारी के भूमिका में बाड़ें. उनुका साथे बाड़ी अभिनेत्री दिव्या द्विवेदी .

कोलकाता में दर्जनो रेम्प शो, प्रिंट एड, कलेंडर शूट वगैरह आदि कर चुकल सुजीत के कहना ह कि ऊ अभिनय का बारे में सोचलो ना रहले बाकिर जब उनुका अपना भाषा भोजपुरी में फिलिम करे के मौका मिलल त ना ना कर पवलें. बतवलें कि फिलिम ठोक देब के अलावहु उनुका कईएक फिलिमन के प्रस्ताव मिलल बा. कुछेक फिलिमन के शूटिंग जल्दिए शुरू होखे वाला बा.

ठोक देब में पवन सिंह, अक्षरा सिंह, नीलिमा सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, मनोज द्विवेदी, बालगोविन्द बंजारा वगैरह मुख्य भूमिका में बाड़ें, साथही अभिनेत्री संगीता तिवारी, सीमा सिंह आ शिवानी सामंता के आयटम नंबरो एह फिलिम में बा.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up