आजु जब पूरा देश क्रिकेट का बुखार में तवाइल बा तबो रविकिशन अपना काम में लागल बाड़न. हिंदी, भोजपुरी समेत देश के करीब हर भाषा में काम करे वाला रविकिशन के बनत फिल्मन के गिनिती पचास के पार हो गइल बा. क्रिकेट मैच का दिनन में फिल्मी दुनिया सुस्ताये लागेले. कवनो नया फिलिम रिलीज ना होखे. रविकिशन के कहना बा कि क्रिकेट के पसन्द कइल दोसर बात ह आ ओकरा पाछा पगलाइल दोसर बात. मैच जीते आ हारे वाली टीम के भारत के हार भा जीत बतावलो से रविकिशन असहमत बाड़े आ कहेले कि एहमें देश के नाम ना जोड़े के चाहीं. ऊ भोजपुरिया दर्शकन से कहले कि मैचो देखीं सभे आ सिनेमो देखत रहीं.
(स्रोत – उदय भगत)
0 Comments