शौर्य एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत पहिला फिलिम में खेसारी लाल यादव आ मनोज द्विवेदी एके संगे नजर अइहें. एह फिलिम के कहानी आ निर्देशन मंजुल ठाकुर के बा. निर्माता हउवें अखिलेश कुमार सिंह.
जानल मानल अभिनेत्री अंजना सिंह एहमें खेसारी संगे आ गीतांजलि शर्मा मनोज द्विवेदी संगे बाड़ी. साथी कलाकारन में संजय पाण्डेय, प्रेम दुबे, संजय वर्मा वगैरह के नाम शामिल बा.
गीत राजेश मिश्रा, प्यारे लाल यादव, आ जाहिर अख्तर के लिखल ह जबकि संगीतकार अविनाश झा घुंघरू हउवें. कुल ९ गो गाना बाड़ी स एह फिलिम में. सवांद लेखक मनोज कुमार कुशवाहा, कैमरामैन नीतू इक़बाल सिंह, कोरिओग्राफर कन्नु मुखर्जी, फाइट मास्टर दिलीप यादव, कला निर्देशक नजीर शेख हउवें.
खेसारी लाल यादव अभिनीत आ ग्रीन चिल्ली मीडिया एंड प्राइवेट मीडिया के बैनर तर बनल फिलिम ‘खून भरी मांग’रिलीज़ ला तइयार बा. एहमें खेसारी लाल यादव धमाकेदार एक्शन करत नजर अइहें.
(संजय भूषण पटियाला)
0 Comments