खेसारी लाल यादव आ अंजना सिंह के शादी धूम-धाम से करावल गइल

by | Jun 30, 2014 | 0 comments

KhesarI-Anjana-wedding-for-LahuPukarelaशादी के एह मौसम में पिछला दिने भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ अभिनय अउर खूबसूरती से लोग के दीवाना बना देबे वाली अभिनेत्री अंजना सिंह एक दोसरा के साथ सात फेरा लेके बिआह के मजबूत बंधन में बन्हा गइल लोग.

एह शादी के सगरी जिम्मेदारी प्रोड्यूसर अखिलेश कुमार सिंह उठवलन. शादी का मौका प फिलिम जगत के अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल. जइसे कि निर्देशक मंजुल ठाकुर, कलाकार मनोज द्विवेदी, गीतांजलि शर्मा, अनूप अरोरा, किरण यादव, प्रेम दुबे, संजय वर्मा, वाहिद अंसारी, पल्लवी कोली, स्वीटी सिंह, भानु पाण्डेय अउर सीमा सिंह. सगरी लोग खेसारी लाल यादव आ अंजना सिंह के शादी में आके माहौल में अँजोर क दिहल आ शादी के बधाई दिहल. .

अबले एतना त रउरो सभे जान गइल होखब कि बात कवनो फिलिम के होखत बा. ई शादी शौर्य एंटरटेनमेंट बैनर में बनत ‘लहू पुकारेला’ फिलिम ला भइल.

फिलिम के निर्माता अखिलेश कुमार सिंह, लेखक-निर्देशक मंजुल ठाकुर, गीतकार राजेश मिश्रा, आज़ाद अउर कवि जी नाहिद, संगीतकार अविनाश झा घुंघरू, कैमरामैन नीतू इक़बाल सिंह, कोरिओग्राफर कानू मुखर्जी, फाइट मास्टर दिलीप यादव, आ आर् निर्देशक नजीर शेख हउवें.

मुख्य कलाकार खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, मनोज द्विवेदी, गीतांजलि शर्मा, अनूप अरोरा, किरण यादव, स्वीटी सिंह,मानु पाण्डेय, संजय पाण्डेय, प्रेम दुबे, संजय वर्मा, वाहिद अंसारी, पल्लवी कोली, आ सीमा सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up