गंगा किनारे शनिचर सिंह के आतंक

by | Feb 2, 2012 | 0 comments

एह घरी उत्तर प्रदेश के चुनावी माहौलो में, जब पुलिस बहुते सक्रिय बिया, बनारस में शनिचर सिंह नाम के एगो खूंखार अपराधी दहशत फइला के रखले बा. प्रशासन ओकरा सोझा बेचारा बनि गइल काहे कि ओकरा दू दू गो महारथी राज कुमार पांडे अउर दिलीप जायसवाल से शह मिलत बा.. वइसहो शनिचर सिंह के खासियत रहल बा कि जहँवे जाले तहँवे आतंक मचा देल. एह घरी ऊ बनारस में बाड़े. आ ओहिजा ऊ खुद नइखन आइल उनुका के राज कुमार पांडे आ दिलीप जायसवाल बोलावा भेजके बोलवले बाड़े.

सोचत होखब कि ई शनिचर सिंह आखिर ह के आ कब आ गइल ? त बता देत बानि कि नाम आ काम बदले में माहिर आ खलनायिकी के सिरमौर मानल जाये वाला एह शख्स के असली नाम ह अवधेश मिश्रा, जवन केहु के परिचय के मोहताज नइखन. अपना अदाकारी से भोजपुरी खलनायकी में नया रंग भर देबे वाला अवधेश मिश्रा भोजपुरी के नंबर वन निर्देशक राज कुमार आर.पांडे के फिल्म “गंगा के सौगंध” में शनिचर सिंह नाम के खलनायक का किरदार में बाड़न. अपना हर फिल्म में अपना अभिनय से सभका के कायल बना देबे वाला अवधेश मिश्रा के एह फिल्म में एगो नया लुक दिहल गइल बा.

बकौल अवधेश – ऊ एगो कलाकार हउवन आ उनुकर कोशिश रहेला कि अपना किरदार में बदल जासु, ओकरा के आत्मसात कर लेसु. अगर कलाकार अपना एह काम में सफल हो जाव त परदा पर एकर बढ़िया रिजल्ट देखे के मिलेला.

बहरहाल शनिचर सिंह के आतंक से घबड़इला के जरूरत नइखे काहे कि शनिचर के फन के कचार मारे खातिर ट्रक ड्राइवर सुपरस्टार पवन सिंह आ राइजिंग स्टार खलासी चिंटू एहिजा मौजूद बाड़े.
अपना न्यूज के रपट

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up