चाँद मेहता के जादू चलल

by | Feb 12, 2012 | 0 comments

सुपर डुपर हिट भोजपुरी फिल्म ‘मल्ल युद्ध’ के निर्देशक चांद मेहता अब भोजपुरी वर्ल्ड छाप लिहले बाड़न. ‘मल्ल युद्ध’ जइसन लीक से हटल फिलिम के दर्शक अपना दिल में अतना जगहा दे दिहले कि फिलिम के शानदार सफलता मिलल. एह सफलता से उत्साहित चाँद आलम के कहना बा कि निर्माता सुनील चौहान जइसन निर्माता किस्मत वाला निर्देशकन के मिलेला. सुनील चौहान पूरा टीम के खास ख़्याल रखलन आ फिल्म के सफलता खातिर पूरा टीम हकदार बा.

चांद मेहता के कहना बा कि भोजपुरी दबंगई पर आधारित एह फिल्म खातिर सबही मेहनत कइल. खास करिके रविकिशन जइसन कोआपरेटिव अभिनेता बधाई के पात्र बाड़े. आ फेर रानी चटर्जी त अभिनेत्रियन में रानी बाड़ी. कुणालो सिंह के चाँद मेहता लाजवाब अभिनेता बतावेले. चांद मेहता जल्दिये एगो बड़हन हिन्दी फिल्म निर्देशित करे वाला बाड़न जेकरा बारे में ऊ अबही बेसी कुछ नइखन बतावत.

फिलहाल ‘मल्ल युद्ध’ के सफलता के आलम इ बा कि दर्शकन के भारी भीड़ जुटत बा एह फिल्म के देखे खातिर आ देख के बाहर निकलत दर्शक निर्देशक के खूब तारीफ करत बाड़े. ज़ाहिर बा कि चांद मेहता के रूप में एगो दमदार निर्देशक मिलल बा भोजपुरी वर्ल्ड के.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up