"चालबाज चुलबुल पाण्डेय" के शूटिंग पटना मे शुरू

by | Sep 6, 2011 | 0 comments

पटना के अगल बगल का इलाकन में पिछला चार सितम्बर से भोजपुरी फिल्म “चालबाज चुलबुल पाण्डेय” के शूटिंग जोर शोर से शुरु हो गइल बा. एकर नायक बाड़े निर्देशक रहल आ गया के रहवइया टी बॉबी सिंह. टी बॉबी सिंह का निर्देशन में मंगलसूत्र, दामाद जी, शहरवाली जान मारेली, करंट मारे गोरिया बनल बाड़ी सँ. मनोज तिवारी अभिनीत फिल्म मि॰ गोबर सिंह उनुके निर्देशन में बनल हवे आ जवन जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.

अपना बारेमें बॉबी सिंह के कहना बा कि ऊ निजी जिन्दगी में देखावा करे में विश्वास ना करसु, जइसन हउवे उहे लोग पसंद करेला. अलगा बाति ह कि परदा पर वइसन लउकस जइसन उनुकर प्रशंसक चाहेले. पर्दा पर उनुका हीरो देखे के चाहीं. एही चलते आजु ले फिल्म इंडस्ट्री मे टिकल बाड़न.

प्रीती राज फिल्म इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनत “चालबाज चुलबुल पाण्डेय” का बारे में बतवले कि एकर शूटिंग पटना, स्टेशन रोड स्थित बुद्वा पार्क मे होत बा. एकरा बाद हाजीपुर,सोंनपुर आ गयो मे शूटींग होखी. फिल्म के प्रस्तुत करत बाड़े ममता पवन झा. कॉमेडी, एक्शन आ मनोरंजन से भरपूर एह पारिवारिक फिल्म में बॉबी सिंह आ मनोज पाण्डे दुनु एक साथ मुख्य किरदार करत बाड़े. निर्देशन टी॰ बॉबीए सिंह के बा. फिल्म के दू गो आयटम नंबर सीमा सिंह आ अलीसा राय चौधरी पर फिल्मावल गइल बा.

लेखक निर्देशक टी.बॉबी सिंह,गीत श्याम जी श्याम,संगीत सावन कुमार,छायाकन अनील दांडा, पटकथा संवाद ,राकेश त्रिपाठी, नृत्य रिक्की गुप्ता के बा. मुख्य कलाकारन में मनोज पाण्डेय, टी बॉबी सिंह, राखी त्रिपाठी, मोना राय, मलाइका मल्होत्रा, रीतू मेहरा, पूर्णिला राय, सीमा सिंह, ज्योती, सोनू झा, पवन झा, उमेश सिंह, गोपाल राय, आलोक यादव, राकेश त्रिपाठी आ मंटू लाल वगैरह बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण सिंह पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up