चुलबुल तिवारी का किरदार में सुदेश कौल

by | Oct 6, 2013 | 0 comments

SudeshKaulचुलबुल पाण्डे एगो ब्राण्ड नेम बन गइल बा. एह नाम के एह घरी भोजपुरी सिनेमा में खूबे भँजावल जात बा. जबसे सलमान खान दबंग में चुलबुल पाण्डे बनके आइल बाड़े तबसे भोजपुरी सिनेमा में एह पेटेंट नाम के भरमार हो गइल बा. एही कड़ी के आगे बढ़ावत हम चुलबुल तिवारी के जिक्र करत बानी.
चुलबुल तिवारी के किरदार रउरा दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ स्टारर फिलिम ‘दूल्हे राजा’ में देखब जवन जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एहमें सुदेश कौल चुलबुल तिवारी के किरदार में नज़र अइहें आ इहो चुलबुल एगो पुलिस इन्स्पेक्टर ह.
बॉलीवुड में एह घरी सुदेश कौल के नाम तेज़ी से उभरल बा, चाहे बंगला फिलिम होखे, हिन्दी के होखे भा भोजपुरी के, हर जगह ऊ छा गइल बाड़े. सुदेश आपन बतौर अभिनेता करियर मिथुन चक्रवर्ती के संगे बंगला फिलिम ‘सत्यमेव जयते’ से कइले रहले. एह फिलिम ला सुदेश के खूब सराहल गइल रहे. एकरा बाद त सुदेश बंगला फिलिमन में छा गइले. बंगला फिलिमन का साथही सुदेश कौल भोजपुरी में ‘हम बाहुबली’, ‘धर्मात्मा’, ‘लावारिस’, ‘खटाईलाल मिठाईलाल’ आ हिंदी में ‘ट्रम्प कार्ड’, ‘बीहड़’, ‘ले गया सद्दाम’ जइसन फिलिमन में अभिनय कइले.
आजु काल्हु सुदेश के.सी. बोकाडिया के हिन्दी फिल्म ‘डर्टी पॉलिटिक्स’ आ सुभाष घई के फिलिम ‘कांची’ का शूटिंग में बाझल बाड़े.


(समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up