जब मनोज तिवारी फफक फफक के रो दिहलें

by | Oct 30, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी बहुते मृदुल आ भावुक इंसान हउवें. एकर एगो नजारा हाल ही में बालीवुड के मशहूर निर्माता के सी बोकाडिया के भोजपुरी फिल्म अपने बेगाने का डबिंग पर देखे के मिलल जब मनोज तिवारी फफक फफक के रो पड़लें.

भइल कुछ ई कि रियलिटी शो बिग बॉस में जाये से एक रात पहिले मनोज तिवारी मंबई का अंधेरी में “पार्क एवेन्यू स्टूडियो” में फिल्म अपने बेगाने के डबिंग करे चहुँपले. बहुत मजा से डबिंग होत रहुवे जब फिल्म के एगो सीन आइल. ओह सीन में ऊ बहुत दिन बाद अपना घरे लवटत बाड़े. घरे चहुँपला पर देखत बाड़न कि ताला लागल बा. बहुत पूछ ताछ कइला का बाद पता चलल कि उनका बाबूजी के देहान्त हो चुकल बा. एह सीन का डबिंग का दौरान मनोज तिवारी टूट गइलें आ फफक फफक के रो दिहलें.

बाद में जब अपना पर काबू पवलें त बतवलें कि उनकर बाबूजी चाहत रहलें कि ऊ बड़का गायक बनसु. भाग्यचक्र से ऊ गायक बनलें, मशहूरो हो गइलें बाकिर तबले अतना समय गुजर गइल रहे कि बाबूजी दुनिया छोड़ के चल गइलें

रिश्ता के जड़ के बयान करत एह फिल्म अपने बेगाने के निर्माण ललित मोदी कइले बाड़े. मुख्य किरदारन में मनोज तिवारी का साथे मोनालिसा, विक्रांत, अवधेश मिश्रा, कल्पना शाह, रीना रानी, सीमा सिंह, एयाज खान, गोपाल राय, देव मल्होत्रा, आ अली खान बाड़े.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up