जब मल्लाहन का बस्ती चहुँपली भोजपुरिया हॉट केक अंजना सिंह

by | May 2, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के हॉट केक अंजना सिंह एह घरी अक्सर मल्लाहन का बस्ती में लउकेली आ उहो अपना भाई रविंद्र संकरन संगे. सोचे लगनी नू कि कवना फिलिम के बात होखत बा?

दरअसल अंजना सिंह मशहूर निर्माता आलोक कुमार आ निर्देशक प्रेमांशु सिंह क फिल्म “देवरा पे मनवा डोले” में एगो मजगर भूमिका में बाड़ी. १० मई के रिलीज़ होखे जात एह फिलिम में उनुका साथे खेसारी लाल आ स्मृति सिन्हा बाड़ी. अंजना सिंह के मुताबिक “देवरा पर मनवा डोले” में उनुकर भूमिका एगो अइसन मल्लाहिन के बा जे याददाश्त खो चुकल खेसारी लाल से दिल लगा लेत बाड़ी.

फिल्म में कई गो मधुर गाना आ रोमांटिक सीन अंजना सिंह अउर खेसारी लाल पर फिल्मावल गइल बा. अंजना के भाई बनल बाड़े रविंद्र संकरन जे बिहार में आई पी एस बाड़ें. अभिनय से लगाव का चलते ऊ दक्खिन भारतीय होखला क बावजूद भोजपुरी फिलिम में अभिनय कइले बाड़े.

अंजना सिंह के अनेके फिलिम प्रदर्शन खातिर तइयार बाड़ी सँ जवनन में “दिल ले गइल ओढनिया वाली”, “एक बिहारी सौ पे भारी”, “वर्दी वाला गुंडा”, “लावारिस” वगैरह शामिल बा. एकरा अलावे उनुकर लगभग आधा दर्जन फिल्म पोस्ट प्रोडक्शन स्टेज में बा. मात्र एक साल पहिले भोजपुरी फिल्म में डेग धरे वाली अंजना आज दर्शक, निर्माता, निर्देशक अउर फिल्म वितरक सबही के पसंद बन गइल बाड़ी. .


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up