जल्दिये देखे के मिले वाला बा गोरिया के गोरे गोरे गाल

by | May 6, 2011 | 0 comments

आर एन इन्टरप्राइजेज के बैनर में रविशंकर तिवारी के बनावल आ एस एस ललित के निर्देशित फिल्म “गोरिया के गोरे गोरे गाल” रिलीज खातिर तइयार हो गइल बा. पिछला दिने एह फिल्म के पहिला कॉपी बाहर आइल त एकर ट्रायल शो पूर्वी गोरेगाँव के फिल्म लैब में करावल गइल. फिल्म के पटकथा एस एस ललित आ रास बिहारी पाण्डे के, गीत बिपिन बहार, रास बिहारी पाण्डे, आ एस एस ललित के लिखल, आ संगीत के धुन राजेश ललित आ विनोद गँवार के बनावल बा. छायाकार अरुण मिश्र, नृत्य निर्देशक ज्ञान सिंह, एक्शन रियाज सुलतान के आ आर्ट्स सुनील झा के बा. सह निर्माता सुमन कुमार मेहता आ कार्यकारी निर्देशक सावन वर्मा हउवें.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में उत्तम कुमार, लवी रोहतगी, रविशंकर तिवारी, ऋतु पाण्डेय, सलीम अंसारी आ नीरज बादशाह बाड़े. आयटम बाला सीमा सिंह के शानदार आयटम बा एह फिल्म में. गोरकी पतरकी रे फिल्म में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल उत्तम कुमार एह फिल्म में जबरदस्त कमाल कइले बाड़न. फिल्म रोमांस आ कॉमेडी से भरपूर बा.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up