जे राह देखावे उहे आदर्श होखेला, कहना बा जीतेन्द्र यादव के

by | Apr 2, 2013 | 1 comment

JirendraYadavआज के त चलन बन गइल बा भोजपुरी में कि पहिले गायक आ फेर नायक. का रउरो अभिनय का मेदान में एही राहे अइनी ?
– ना, बिल्कुल ना. हम भारतेन्दु नाट्य अकादमी (लखनउ) से अभिनय के प्रशिक्षण लिहनी. ओहिजे हमार भेंट डायरेक्टर रविकांत जी से भइल जे हमरा के अपना फिलिम “बिगुल” के नायक ला चुन लिहनी.

सिनेमा भोजपुरी में अभिनय में आपन कइसन भविष्य देखत बानी ?
– अभिनय के परिभाषा त होले बाकिर भाषा ना. अभिनय तो चार्ली के मूक अभिनयो में रहल. रउरो समुझ सकीलें कि अभिनय भाषा पर निर्भर ना होके. एहसे जबले हम अपना अभिनय से न्याय करत रहब तबले हमार भविष्य सुरक्षित बा.

बिगुल में अपना किरदार क बारे में कुछ बताईं.
– नमन फिल्म्स के “बिगुल” में हम सोनू नामके मज़दूर बनल बानी जेकरा बाप क जमीन भूमाफिया हथिया लिहले बाड़ें. हालात का मजबूरी से सोनू के मुंबई में रिक्शा चलावे आवे पड़त बा अपना बापे का जमीन पर बनल फैक्टरी में मजदूरी करे पड़त बा.

अच्छा यादव जी, शूटिंग के कवनो वाकया बा जवन रउरा बतावल चाहब ?
– हँ. जब हमनी का घूरपूर इलाहाबाद में यमुना नदी के बीच में बनल सुजामन देव के मंदिर पर शूटिंग करत रहीं त एक बेर मधुमाछियन के झुण्ड यूनिट पर जबरदस्त हमला कर दिहलसि. कई लोग के हॉस्पीटल में भरती करावे के पड़ल रहुवे.

आज क जमाना में का साफ सुथर फिलिम निकहा बिजनेस ना कर पावेली सँ ?
– करेली सँ. बिल्कुले करेली सँ आ ओह फिलिमन से अधिका जवन फूहड़पन आ दुअर्थी गीतन आ संवादन के हद पार करे वाली फिलिमन के होला.

आपके आदर्श के हऽ?
– रवि जी, जेहीसे हमरा कुछ सीखे के मिलेला उहे हमार आदर्श होला. हम त इहे मानीलें कि आदमी के आदर्श उहे होला जे राह देखावे.

पाठकन ला कवनो सनेस ?
– हम आप सभ का हिरदा में जगह मागत बानी अपना अभिनय के बल पर. जइसे आपके नेह हमरा के रंगमंच से सिल्वर स्क्रीन पर ले आइल ओइसने नेह हमरा मिलत रहे राउर.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

1 Comment

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up