टटका खबर, अतवार ५ फरवरी २०१२

by | Feb 6, 2012 | 0 comments

बिहार

  • रोहतास जिला के आलमपुर में जनता के संबोधित करत लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार कहली कि दुर्गावती जलाशय परियोजना का राह के सगरी बाधा हटा दिहल गइल बा आ अब जल्दिये एकर निर्माण शुरू हो जाई.
  • सिवान के महाराजगंज में बँगरा गाँव का लगे काल्हु देर साँझ सरस्वती जी के मूर्ति विसर्जन करे समय दू गो गुट के आपसी चाकूबाजी में छह लोग घवाहिल हो गइल.
  • कटिहार में एगो निजी जूट मिल में आग लगला से एक करोड़ रुपिया के संपति जर के राख हो गइल. आग मुख्य भंडार में शुरू होके सगरी मिल में पसर गइल.
  • भूमि आ राजस्व मंत्री रमई राम आजु बतवलन कि जवना महादलित परिवारन के अबही ले मकान बनावे खातिर जमीन नइखे दिहल गइल ओह लोग के सर्वेक्षण करा के पन्द्रह फरवरी से पहिले जमीन दे दिहल जाई.
  • पंचायत निकायन के खाली पड़ल तीन हजार तीन पद खातिर भइल उपचुनाव आजु करा लिहल गइल. मतगणान काल्हु फजीरे से करावल जाई.
  • आरएसएस के संघ चालक मोहन भागवत आजु पटना में पत्रकारन से बतियावत में अन्ना हजारे के आलोचना करत कहले कि अन्ना के आंदोलन में संघ के स्वयंसेवक खूब शामिल रहले बाकिर अन्ना के बयानबाजी का बाद सभकर मन टूट गइल. कहलन कि आजु देश पर चारो तरफ से खतरा बा बाकिर सरकार आँखि मूँद के महटियवले बिया.
  • सारण जिला के दिघवारा में राम जंगल सिंह स्मृति फुटबॉल टूर्नामेंट के उद्घाटन मैच में पूर्वी चंपारण के टीम डनलप कोलकाता टीम के दू गोल से हरा दिहलसि. डनलप टीम कवनो गोल ना कर पवलसि.

उत्तर प्रदेश

  • यूपी विधानसभा चुनाव के पहिला दौर के प्रचार काल्हु पूरा हो जाई. एह दौर में अवध आ पूर्वांचल के दस जिलन के पचपन गो सीट पर मतदान ८ फरवरी के होखे वाला बा. एह जिलन में सीतापुर, बाराबंकी, फैजाबाद, अम्बेडकर नगर, बहराइच, श्रावस्ती, बलरामपुर, गोण्डा, सिद्धार्थ नगर, आ बस्ती जिला शामिल बा. पांचवा दौर के नाम वापसी के काल्हु आखिरी दिन होखी. सतवाँ आ आखिरी दौड़ खातिर काल्हु से परचा दाखिला के काम शुरू हो जाई. एह दौर में मुरादाबाद, लखनऊ आ बरेली मंडल के दस गो जिलन के साठ गो सीट के चुनाव करावल जाई.
  • उभांव थाना के खैरा खास गाँव में शुक के रात रामजानकी ठाकुर कुटी के महंत के हत्या कर दिहल गइल. कहल जात बा कि मंदिर के ट्रस्ट के संपति हड़पे खातिर उनुकर हत्या कइल गइल. पुलिस का लगे एह मामिला में गाँवे के एगो आदमी समेत तीन जने पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
  • रेवती कस्बा के गुदरी बाजार निवासी एगो व्यापारी पुलिस में मुकदमा दर्ज करवले रहुवे कि सहतवार थाना इलाका में एक फरवरी का दिने कुछ वर्दीधारी बदमाश ओकर १ लाख पैंतीस हजार रुपिया लूट लिहले. जाँच के बाद पुलिस एह मामिला के फर्जी आ मनगढ़न्त बतवले बिया.

देश

  • कांग्रेस पश्चिम बंगाल में किसानन के हत्या आ बुतड़ुअन के असमय मौत पर चिंता जाहिर कइले बिया. एकरा बादो कांग्रेस तृणमूल से आपन गठबन्हन बनवले राखी. गुड़ खाई बाकिर गुलगुला से परहेज करत रही.
  • ओड़िशा में बर्ड फ्लू का चलते मुर्गियन के मारे के काम शुरु कर दिहल गइल बा. पहिला दिने अठारह हजार से अधिका मुर्गियन के मार दिहल गइल.
  • अतवार का दिने देशभर में पैगम्बर मोहम्मद साहब के जन्म दिन मिलाद-उन-नबी मनावल गइल आ खास नमाज अदा कइल गइलॆ

दुनिया

  • सीरिया समस्या पर अरब लीग शान्ति योजना के समर्थन कइलसि. कहलसि के समस्या के समाधान सीरिया के नेता लोग के घोषित सुधार नीति पर आधारित होखे के चाहीं.
  • समूचे यूरोप में कड़ाका के जाड़ा पड़ला से अबही ले नाहियो त पौने तीन सौ लोग के जान चल गइल बा. उक्रेन, बोस्निया, लात्विया, लिथुआनिया, स्टोनिया आ चेक गणराज्य समेत इटली, स्लोवाकिया, फ्रांस, आस्ट्रिया आ ग्रीस एह लपेटा में बाड़े.
  • अफगानिस्तान के दक्षिणी कंधार शहर में पुलिस मुख्यालय का नियरा भइल बम विस्फोट में पाँच गो पुलिसवालन समेत नौ लोग के जान चल गइल.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री युसुफ रजा गिलानी के कहना बा कि उनुकर देश एगो स्थिर अफगानिस्तान चाहऽता आ ऊ एह खातिर कवनो शांति प्रक्रिया के समर्थन करी.

बिजनेस

  • केन्द्र सरकार एह साल अगस्त ले कोयला, लिग्नाइट अउर बालू छोड़ बाकी खनिजन खातिर नया रॉयल्टी दर घोषित कर दी.

मनोरंजन

  • असम में चउथा सिनेआसा अंतरराष्ट्रीय फिल्म समारोह-२०१२ आजु से गुवाहाटी में शुरू हो गइल. असमिया फिल्म अभिनेता बीजू फुकन एकर उद्घाटन कइलन.

खेल

  • एक दिन के चांदनी फेर अन्हरिया रात का तर्ज पर मेलबर्न में भइल तीन देश का एकदिना क्रिकेट शृंखला में पहिला एकदिना मैच में आस्ट्रेलिया भारत के ६५ रन से हरा दिहलसि. एकरा पहिले भारत विदेशी जमीन पर लगातार पन्दरह गो मैच हरला का बाद एगो मैच जीत लिहले रहुवे.
  • भारत के क्रिकेट खिलाड़ी युवराज सिंह के कैंसर के इलाज चलत बा बाकिर कहल जात बा कि ऊ एकदम ठीक हो जइहे काहे कि बेमारी समय पर पकड़ा गइल बा.
  • अमरीका के कोलारेडो स्प्रिंग्स में डेव शुल्ट्ज मेमोरियल अंतरराष्ट्रीय कुश्ती टूर्नामेंट में भारत के अनिल कुमार ग्रीको रोमन मुकाबला में स्वर्ण पदक जीत लिहलन. एकरा अलावे रजतो पदक भारते जीतलसि. एह टूर्नामेंट भारत अबही ले तीन गो स्वर्ण, दू गो रजत आ दू गो कांस्य पदक जीतले बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up