टटका खबर (अतवार, 15 जनवरी 2012)

by | Jan 16, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो


(पन्द्रह जनवरी का दिने सेना दिवस का अवसर पर दिल्ली में एगो समारोह में उपराष्ट्रपति मो॰ हामिद अंसारी, प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, रक्षा मंत्री ए के एंटोनी आ एयर चीफ मार्शल एन ए के ब्राउने.)
बिहार के खबर

  • बिहार के सजायाफ्ता मुजरिमन के नाम अब सगरी दुनिया जानी. स्पीडी ट्रायल आ स्पीडी अपील का बाद नीतीश सरकार अब एगो नया काम शुरू कर दिहलसि. सजायाफ्ता लोग के नाम अब वेबसाइट का मार्फत सार्वजनिक कर दिहल जाई. मुख्यमंत्री के कहना बा कि सजायाफ्ता लोग के नागरिक अधिकार सीमित हो जाला आ अब ओह लोग के जानकारी सार्वजनिक हो गइला का बाद ऊ लोग आपन अपराध आ सजा छुपा के सामान्य नागरिक के सुविधा ना ले पाई.
  • शताब्दी उत्सव का मौका पर पतंग उत्सव के उद्घाटन करत सुशील मोदी कहलन कि फुटबाल क्रिकेट का साथे साथ हमनी के चाहीं कि अपना परंपरागत खेलो के खेलत रहल जाव, जइसे कि कबड्डी, लट्टू, गिल्ली डंडा, पतंगबाजी वगैरह के खेल.
  • सरकारी सुविधा के फायदा लेबे खातिर विद्यार्थियन के अब पचहत्तर फीसदी हाजिरी जरूरी कर दिहल गइल बा आ एकरा के अगिला सत्र से लागू कर दिहल जाई. शिक्षा मंत्री पीके शाही कहलन कि विद्यालय स्थानान्तरण प्रमाणपत्र अगिला साल से अनिवार्य बनावल जात बा.
  • उनइस सौ इकतीस का बाद पहिला बेर जाति का आधार पर नागरिकन के गिने के काम आजु अतवार का दिन से शुरू कर दिहल गइल. एह गणना का दौरान बीपीएल परिवारो के गिनल जाई. कुल अढ़ाई करोड़ परिवारन के एह तरह के गिनिती होखे वाला बा.
  • आजु मकर संक्रांति के पर्व पूरा श्रद्धा उल्लास का साथे मनावल गइल. कई जगहा आजु चेहलुम के अवसर पर जलसा जुलूस के आयोजनो भइल.
  • रोहतास जिला के डेहरी आन सोन इलाका के मनौरा गाँव में एक आदमी के हत्या तेज हथियार से कर दिहल गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • पूरा प्रदेश में आजु मकर संक्रांति खिचड़ी के पर्व भक्तिभाव से मनावल गइल. गोरखपुर के गुरु गोरक्षनाथ मंदिर में आजु से खिचड़ी मेला शुरू हो गइल जवन एक महीना ले चली. इलाहाबाद के माघ मेला के आजु दुसरका बड़का नहान रहुवे आ ओहिजा आजु नाहियो त बीसन लाख श्रद्धालु संगम पर डुबकी लगवले.
  • दुसरका दौर के उनसठ विधानसभा इलाका के चुनाव के अधिसूचना काल्हु सोमार का दिने जारी कइल जाई. एह दौर में संतकबीर नगर, महराजगंज, गोरखपुर, कुशीनगर, देवरिया, आजमगढ़, मऊ, बलिया आ गाजीपुर जिला के सीटन के चुनाव शामिल बा. पहिला दौर के मतदान खातिर परचा दाखिल करे के काम उनइस जनवरी ले चली. बीस के जाँच आ तेईस ले नामवापसी के काम हो सकेला.
  • अपना जन्म दिन पर बसपा सुप्रीमो मायावती सगरी चार सौ तीन सीट खातिर बसपा उम्मीदवारन के सूची जारी कइली आ लोग से अपना जन्मदिन पर उपहार का तरह बसपा के जितावे के माँग कइली. बसपा के सूची में अनुसूचित जाति के अट्ठासी गो, एक सौ तेरह अन्य पिछड़ा वर्ग के आ पच्चासी नाम अल्पसंख्यक समुदाय के बा.
  • प्रियंका वढेरा सोमार से यूपी में चुनाव प्रचार शुरू करीहे.
  • मूर्तियन के तोपे के चुनाव आयोग के आदेश के एकतरफा बतवली मायावती. कहली कि आयोग कांग्रेस का दबाव में बा.

देश के खबर

  • केन्द्र सरकार सगरी राज्य आ केन्द्रशासित राज्यन से कहलसि कि नया अस्पताल भा नर्सिंग होम खोले में कड़ाई के साथ नियम पालन करावल जाव आ आग से बाचे के प्रावधान सख्ती से लागू करावल जाव.
  • भारत आ श्रीलंका मिलके मछलीपालन उद्योग के विकास करीहे.
  • भाजपा नेता अरूण जेटली पणजी में कहलन कि कांग्रेस पार्टी वोट ना दोस्त खोजत बिया जे तृणमूल से बिगाड़ से उपजल हालात से निबटे में मदद करे.
  • भारत के पेशेवर महिला फोटोग्राफर होमई व्यारवाला 98 साल का उमिर में अतवार का दिने वडोडरा में मर गइली.
  • दिल्ली के स्वरूप नगर इलाके में निजी कंपनी खातिर काम करे वाला वायुसेना के पहिले अधिकारी रहल एक आदमी के लाश सड़क किनारे मिलल बा.
  • अतवार का दिने गंगासागर में 4 लाख लोग डुबकी लगावल.
  • बीएसएफ के हेलीकॉप्टर रायपुर में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जवना में 5 जने घवाहिल हो गइले. हेलीकाप्टर परीक्षण उड़ान पर रहुवे.
  • गुजरात के पतंग उद्योग 175 करोड़ रुपिया के हो गइल.
  • कई राज्यन के पुलिस के नाकोदम करावे वाला चोर देवेंद्र पाल उर्फ बंटी से पूछताछ करे सोमार का दिने दिल्ली पुलिस भोपाल आवत बिया. बंटी फिलहाल भोपाल पुलिस के गिरफ्त में बावे.
  • कड़ाका का सर्दी का बावजूद हिमाचल प्रदेश में रोहतांग सुरंग के खुदाई चालू बा. एकरा के जर्मनी आ आस्ट्रिया के विशेषज्ञन समेत एगो समर्पित टीम बनावत बिया.
  • पिछला साल का हादसा का बाद एह साल फेर मकर संक्रांति का मौका पर सबरीमाला मंदिर के ‘दिव्य ज्योति’ देखे खातिर कई लाख लोग जुटल. पिछला साल भइल भगदड़ में सौ से बेसी लोगमर गइल रहे.
  • भाजपा कहलसि कि प्रधानमंत्री साफ बतावसु कि बटला हाउस मुठभेड़ फर्जी रहे के सही आ ओकरा महासचिव आ गृहमंत्री में से के साँच बोलत बा, के झूठ.
  • तमिलनाडु में परम्परागत उत्साह से पोंगल मनावल गइल.
  • भारत के सेना के हर चुनौती खातिर हरदम तइयार बतवलन सेना प्रमुख जनरल वी के सिंह. परमाणु हथियारन का बारे में कहलन कि एकर रणनीतिक महत्व होला आ युद्ध खातिर इस्तेमाल करे खातिर ना होला.
  • शिमला आ मनाली में अतवारो का दिने हिमपात भइल.
  • पश्चिम बंगाल सरकार अपना ओह अस्पताल के क्लीन चीट दे दिहलसि जे एगो गर्भवती मेहरारू के भरती करे से इंकार कर दिहले रहे आ बाद में ओह औरत के मौत हो गइल रहे.
  • खबर पर पकड़ राखे वाला लोग ढेर दिन ले जियेला काहे कि ऊ लोग स्वास्थ्य मुद्दा पर बहुते सजग होला.

दुनिया के खबर

  • कजाकिस्तान में अतवार का दिने संसदीय चुनाव शुरू हो गइल.
  • प्रिंस विलियम अपना पत्नी के एगो पिल्ला भेंट में दिहलन.
  • ओबामा बाहर गइल रोजगार वापिस अमेरिका में ले आवे के भरोसा दिहलन.
  • इटली के क्रूज पोत कोस्टा कॉनकार्डिया के कैप्टन के हिरासत में ले लिहल गइल. ई पोत शनिचर का दिने गिगलियो द्वीप का नियरा टेढ़ होके करवट हो गइल. ओह पर सवार चार हजार लोग के बचा लिहल गइल.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री युसूफ रजा गिलानी सैन्य प्रमुखन से मिल के सेना के बड़ाई कइलन.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारत के 10 गो शहरन में उड़ान चलावे वाली संयुक्त अरब अमीरात के विमानन कम्पनी एमिरेट्स एयरलाइंस अउरीओ शहरन में आपन उड़ान चलावल चाहत बिया.
  • विदेशी पूंजी भंडार में 3.14 अरब डॉलर के गिरावट आइल बा. पिछला पन्द्रह महीना में ई सबले नीचे के स्तर बावे.
  • इंडिया सीमेंट्स आपन कारोबार देश भर में पसारी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड फिल्मकारन के आयरलैंड में शूटिंग करे खातिर ओहिजा के सरकार कर-छूट योजना चालू कइले बिया.
  • कलर्स स्क्रीन अवार्ड्स में ‘द डर्टी पिक्चर’ के जादू छवले रहल आ एकरा निर्देशक मिलन लुथारिया के सर्वश्रेष्ठ निर्देशक आ विद्या बालन के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार मिलल.

खेल के खबर

  • पर्थ के हार का बाद जारी भारत के एकदिवसीय टीम के सूची में तेंदुलकर आ जहीर के वापिस शामिल कर लिहल गइल.
  • आस्ट्रेलिया क्रिकेट टीम के फेर से माथ पर ले आवल चाहत बाड़े आस्ट्रेलिया के कप्तान माइकल क्लार्क.
  • अतवार का दिने भइल मुम्बई मैराथन-2012 के पुरुष वर्ग में केन्या के मोईबेन ने अव्वल अइलन आ महिला वर्ग में इथोपिया के नेटसानेट अबेयो.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी पर ‘स्लो ओवर रेट’ का चलते एडिलेड टेस्ट मैच में खेले से रोक दिहल गइल बा.
  • मलेशिया ओपन बैडमिंटन के पुरूष वर्ग के खिताब मलेशियाई खिलाड़ी ली चोंग वेई आ महिला वर्ग के खिताब चीन के खिलाड़न यिहान वांग जीत लिहली.
  • पर्थ टेस्ट में भारत मैच का साथे श्रृंखलो गंवा दिहलसि. भारत पारी आ 37 रन से हार गइल आ मेजबान टीम अब अजेय बन गइल बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up