टटका खबर (अतवार, 29 जनवरी 2012)

by | Jan 30, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(गणतंत्र दिवस में स्कूली बचवन के सबले बढ़िया प्रस्तुति के पुरस्कार जीतलसि हस्तसाल दिल्ली के सर्वोदय कन्या विद्यालय के टीम जे कोडियाचा कारवाँ नृत्य पेश कइलसि.)
बिहार के खबर

  • नबीनगर में तेरह हजार करोड़ रुपिया के लागत से बने वाला अनइस सौ मेगावाट के बिजलीघर के शिलान्यास कइले नीतीश कुमार.
  • डाक्टरन के हाथ काट लेबे के धमकी दिहले बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे. कहलन कि अगर जूनियर डाक्टर हड़ताल पर गंइले त ओह लोग के डाक्टर ना बने दिहल जाई. चौबे के एह बयान से बिहार भर के डाक्टर नाराज हो गइल बाड़े आ हालात बिगड़े के पूरा जिम्मेदारी मंत्री के बतवले बिया बिहार आईएमए.
  • बिहार के संपत्ति जब्त कानून के अपनाई सीबीआई.
  • पटना में अंग्रेजी दैनिक ‘पायनियर’ के सहायक संपादक अमरनाथ तिवारी पर शुक का दिने जानलेवा हमला कइल गइल.
  • नालंदा विश्वविद्यालय के बाद अब विक्रमशिला विश्वविद्यालय के विरासत फेर से सजावे सम्हारे के काम शुरू भइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • प्रदेश में आईपीएस-आईएएस विवाद सलटावे खातिर समिति बनावल गइल.
  • भाजपा के घोषणापत्र के झूठ के दस्तावेज बतवली मायावती आ कहली कि एहमें अइसन कुछऊ नइखे जवना पर राज्य के जनता भरोसा कर सके.
  • सरकार बनल त मुलायम सिहं के पार्टी बलात्कार के शिकार औरतन के नौकरी दी.
  • यूपी में जारी कांग्रेस के विजन डाक्यूमेंट के भाजपा नेता विजनलेस डाक्यूमेंट भा डिविजन डाक्यूंमेंट के संज्ञा दिहले बाड़े. मायावती एकरा के झूठ के पुलिंदा बतवली.
  • शरद पवार कहलन कि यूपी में कांग्रेस फेल भइल त एकर जिम्मेदार राहुले गाँधी होखीहे.
  • शनिचर का दिने मुलायम के समर्थन के एलान कइलन इमाम बुखारी. कहलन कि मुसलमानन के चाहीं कि सपा के खुला समर्थन करें.
  • शनिचर का दिने यूपी के पांचवें दौर वाला चुनाव के अधिसूचना जारी हो गइल.
  • सपा के कहना बा कि चुनाव का बाद ओकरा कांग्रेस के समर्थन के जरूरत नइखे पड़े वाला.

देश के खबर

  • राष्ट्रपति भवन का सामने विजय चौक पर अतवार के साँझ ‘बीटिंग रिट्रीट’ करत पिछला चार दिन से चलत गणतंत्र दिवस समारोह के समापन हो गइल. अबकी के बीटिंग र्रिटीट में तबला के थाप पर पेश कइल ‘वंदेमातरम्’ हमेशा याद कइल जाई.
  • केरल राज्य जैव विविधता बोर्ड राज्य से आस्ट्रेलिया के भेजल जात एगो बकरन में एगो दुर्लभ प्रजाति के बकरन के निर्यात पर रोक लगा दिहलसि.
  • कोलकाता में अतवार का दिने 485 लड़िका महात्मा गांधी के वेश में शांति पदयात्रा करिके गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड्स में नाम चढ़वा लिहले. पहिला बेर अतना ‘गांधीजी’ एक साथे लउकलन.
  • कानूनी प्रक्रिया के दुरुपयोग, जांच एजेंसी पर सवाल खड़ा कइला आ न्यायपालिका के बदनाम कइला का चलते एगो प्रवासी भारतीय पर 20 हजार रुपिया ले जुर्माना लगा दिहल गइल.
  • भाजपा प्रवक्ता रविशंकर प्रसाद कहलन कि राहुल गाँधी पहिले प्रधानमंत्री बनि के देखावसु.
  • महाराष्ट्र चुनाव में मनसे प्रत्याशियन के रिजल्ट निकल गइल. एह सूची में शामिल होखे खातिर लोग इम्तिहान दिहले रहुवे.
  • कांग्रेस प्रवक्ता अभिषेक मनु सिंघवी दावा कइलन कि पाँचो राज्य में कांग्रेस जीते जात बिया.
  • सेना प्रमुख के उमिर विवाद न्यायालये में निपटावल चाहत बिया केन्द्र सरकार.
  • गणतंत्र दिवस में स्कूली बचवन के सबले बढ़िया प्रस्तुति के पुरस्कार जीतलसि हस्तसाल दिल्ली के सर्वोदय कन्या विद्यालय के टीम जे कोडियाचा कारवाँ नृत्य पेश कइलसि.
  • नगरपालिका चुनाव खातिर महाराष्ट्र कांग्रेस भारतीय रिपब्लिकन पार्टी बहुजन महासंघ से गठजोड़ कर लिहलसि,
  • पंजाब आ उत्तराखंड में सोमार का दिने मतदान करावल जाई.
  • चिकित्सा जांच करावे दिल्ली पहुंचले अन्ना हजारे. गुड़गांव के मेदांता अस्पताल में इलाज करवइहे.
  • जनहित याचिका का साथे पहिले के न्यायाधीशन के राय नत्थी करे के आदत पर नाराजगी जतवलसि सुप्रीम कोर्ट.
  • हेलीकॉप्टर से इम्फाल ढोवात बाड़ी स उखरुल आ चांदेल जिला से ईवीएम.
  • सचिन पायलट के आवास पर तैनात सुरक्षाकर्मी अतवार का दिने अपने रायफल से गोली मार के खुदकुशी कर लिहलसि.
  • हरियाणा में अतवार भोर में भूकम्प के झटका बुझाइल. बाकिर कवनो नुकसान के खबर नइखे.
  • शनिचर का दिने मणिपुर में भइल मतदान में 86 फीसदी मतदान भइल. उग्रवादी हमला का चलते सात लोग के मौत हो गइल, हिंसा में 7 मरे (राउंडअप इंट्रो-1) (23:23)
  • शनिचर का दिने देश भर में उत्साह से मनावल गइल बसंत पंचमी.
  • शनिचर का दिने शिवसैनिक कार्यकर्ता मुबंई के टाइम्स ऑफ इंडिया कार्यालय में तोड़फोड़ लचवले.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह शनिचर का दिने कहलन कि देश में नयका नौजवान नेतन के जरूरत बा.

दुनिया के खबर

  • अरसा पहिले डूबल टाइटेनिक जहाज से बचावल कोयला के एगो छोट टुकड़ा के 50 पाउंड में नीलाम कइल गइल.
  • नेपाल के एगो सीनियर मंत्री माओवादी सरकार के चेतवलन कि अगर एक महीना का भीतर नया संविधान के मसौदा नइखे बनत त दोसरो विकल्प पर सोचे के पड़ी.
  • एगो हमला में घवाहिल यमन के राष्ट्रपति अली अब्दुल्ला सालेह आपन इलाज करावे अमेरिका गइले.
  • कराची तट का नियरा के पाकिस्तानी समुद्री क्षेत्र में मछली पकड़े का आरोप में 22 गो भारतीय मछुआरन के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • सीरिया निगरानी मिशन रोक देबे के अरब लीग के फैसला के अनुचित बतवलसि.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी भारत के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के ईमानदार आदमी बतवले.
  • इंडोनेशिया में उठल बँड़ेरा से चौदह लोग के मौत हो गइल आ दर्जनो लोग घवाहिल हो गइल.
  • अंतर्राष्ट्रीय परमाणु ऊर्जा एजेंसी के प्रतिनिधिमंडल ईरान के परमाणु कार्यक्रम पर चरचा करे चहुँपल.
  • चार गो ब्रिटिश पत्रकारन के घूस लेबे का आरोप में लंदन में गिरफ्तार कइल गइल.
  • नीदरलैंड सरकार बुरर्का पर प्रतिबंध लगा दिहसलि.
  • 2013 ले अफगानिस्तान से फ्रांसीसी सेना लवटि जाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारत आ बांग्लादेश का बीच बांग्लादेश में 1320 मेगावाट के बिजली संयंत्र बनावे के समझौता पर ढाका में अतवार का दिने दस्तखत भइल.
  • जनवरी महीना में विदेशी निवेशक 1.78 अरब डॉलर के खरीददारी कइलन.
  • यूरोप से सगरी चीझन के आयात रोक सकेला ईरान. यूरोप ओकरा से तेल खरीदे पर रोक लगवले बा.
  • झारखण्ड में एह साल खरीफ के रिकॉर्ड पैदावार भइल बा जवन पिछला साल से दुगुना बा.
  • कारोबारी विश्वास में गिरावट अइला के बात कहत बिया सीआईआई के सर्वे. काहे कि दुनिया के आर्थिक हालात का साथे देश में लागत बढ़ला आ बेसी सूद के समस्या बा.
  • ईथियोपिया अपना रेल खातिर भारत से अउरी 30 करोड़ डॉलर के सहायता चाहत बा.
  • सेबी पोर्टफोलियो निवेश के न्यूनतम सीमा पाँच लाख से बढ़ा के पचीस लाख रुपिया कर दिहलसि.
  • आईओबी के तिमाही शुद्ध लाभ 53 फीसदी घट गइल.
  • विदेशी पूंजी भंडार में 73.18 करोड़ डॉलर के बढ़ोतरी भइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मशहूर गायिका शकीरा के फ्रेंच सम्मान केवालियर डी ला डे लेटर्स से सम्मानित कइल गइल.
  • महेश भट्ट के दुसरकी बेटी शाहीन भट्टो बालीवुड में डेग धर दिहली बाकिर अभिनेत्री बन के ना बलुक विक्रम भट्ट के सहायक बनि के फिल्म ‘राज 3’ खातिर.
  • पहिले फिलिमन में सिपाही के रोल घटिया मानल जात रहुवे बाकिर अब ‘दबंग’ आ ‘सिंघम’ के सफलता से पुलिस पर बनल फिलिमन के भाव बढ़ गइल बा.
  • फिलिम देखला का बाद शिल्पा शेट्टी कहली कि करण जौहर के फिल्म ‘अग्निपथ’ ‘पैसा वसूल’ फिलिम बिया.
  • बिपाशा बसु अपना केश के रंग बदलिहें काहे कि ढेर दिन से एके स्टाइल से उबिया गइल बाड़ी.
  • अमेरिकी टॉक शो परोसे वाली ओपराह विनफ्रे अपना भारत यात्रा के अद्भुत अनुभव बतवली.
  • अभिनेता नील नितिन मुकेश के कहना बा कि फिल्म ‘साहब बीवी और गुलाम’ के अगिला कड़ी ऊ खुदे छोड़ दिहले उनुका के निकालल नइखे गइल.
  • अपना फिल्म ‘अग्निपथ’ के मिलल प्रशंसा से उत्साहित करण जौहर के कहना बा कि ऊ अपना फिलिमन के निर्देशक बहुते सूझ बूझ से करेले.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री करीना कपूर सैफ अली खान के प्यार में बहुते खुश आ सुरक्षित महसूस करत बाड़ी.

खेल के खबर

  • अंडर-21 स्क्वॉश विश्व कप में भारत के एगो दिक्कत वाला समूह में जगहा मिलल बा जवना में माथ वरीयता वाली मिस्र के टीमो बिया.
  • आस्ट्रेलियन ओपन का फाइनल में हार गइल पेस-वेस्नीना जोड़ी.
  • ओमान से दोस्ताना फुटबाल मैच खेली भारत.
  • अबू धाबी टेस्ट में शनिचर का दिने पाकिस्तान इंग्लैंड के 72 रन से हरा दिहलसि.
  • बिग बैश लीग में शनिचरा का दिने भइल मैच में सिडनी सिक्सर्स टीम पर्थ स्काचर्स के हरा के चैम्पियन बन गइल.
  • वीरेन्द्र सहवाग के कहना बा कि वरिष्ठ खिलाड़ियन के संन्यास लेबे के जरूरत नइखे. आस्ट्रेलिया में चारो टेस्ट हारे वाला टीम के तीन गो सीनियर खिलाड़ियन के हटावे का माँग जोर पकड़ले बा.
  • आईसीसी टेस्ट रैंकिंग में भारतीय टीम तीसरका जगहा पर गिरल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up