टटका खबर, अतवार, 8 अप्रेल 2012

by | Apr 8, 2012 | 0 comments

शिक्षा रोजगार

इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा आजु देश भर में करावल जात बा. एह प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट अठारह मई के घोषित कइल जाई.

सिक्किम में जल्दिये मेडिकल कॉलेज अस्पताल खोलल जाई जवना से सिक्किम में डाक्टरन के कमी दूर हो जाई. हालांकि सिक्किम में एगो मेडिकल कॉलेज पहिले से बा

उत्तर प्रदेश
शाही इमाम बुखारी अपना दामाद के मिलल विधानपरिषद के टिकट सपा के वापिस कर दिहलन. उनुकर कहना बा कि सात गो में नाहियो त तीन गो टिकट चाहीं मुसलमानन खातिर. इमाम बुखारी आपन भँड़ास आजम खान पर निकालत कहले बाड़न कि आजम मुसलमान कौम के दुश्मन ह आ एह शख्स का चलते मुसलमानन के नुकसान होखत बा. कहल जात बा कि इमाम चाहत रहलन कि उनुका भाईयो के टिकट दिहल जाव.

उत्तर प्रदेश के नगर विकास मंत्री आजम खान सवाल उठवले बाड़न कि इमाम बुखारी के हैसियत का बा मुसलमानन का बीच. अपना दामाद तक के त जीता ना पवलन आ उनुकर जमानत जब्त हो गइल. आजम खान बुखारी के सलाह दिहले बाड़न कि इमाम बुखारी दिल्ली जामा मस्जिद इलाका के सेवा करसु आ दिल्ली नगर निगम में आपन अधिका से अधिका पार्षद जितावसु.

लखनऊ हवाई अड्डा पर शनिचर का दिने दुबई से आइल एगो तस्कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकरा देह पर जगहे जगह बान्हल कपड़ा में लुकावल डेढ़ करोड़ के सोना आ जेवरात बरामद भइल बा. मोहम्मद अफ रहीम नाम के ई तस्कर बैंगलुरु के रहेवाला ह बाकिर पासपोर्ट हैदराबाद से बनववले बा.

उत्तर प्रदेश में तबादल के मौजूदा दौर में शनिचर का दिने एक सौ से अधिका पीसीएस अधिकारियन के तबादल कर दिहल गइल.

प्रदेश भाजपा आपन सगरी जिला, महानगर, आ मंडल कमेटी भंग कर दिहलसि. भाजपा केन्द्रीय नेतृत्व भँउचक रहे कि प्रदेश में मिलल हार का बाद प्रदेश अध्यक्ष त अपना इस्तीफा के पेशकश कर दिहले बाकिर दोसर कवनो नेता हार के जिम्मेदारी ना सकरलसि आ अपना पद से चिपकल बइठल बा लोग.

दू साल से सोमालिया का समुद्री डाकूअन का कब्जा में घेराइल बलिया के संतोष यादव के रिहाई करावे खातिर संतोष के पत्नी काल्हु बलिया जिलाधिकारी से गोहार लगवली. रीना यादव प्रधानमंत्री, मुख्यमंत्री, सांसद नीरज शेखर समेत महिला आयोगो से गोहार लगवले बाड़ी कि उनुका पति के जल्दी से रिहा करावल जाव.

शनिचर का दिने राज्य के शिक्षा मित्र आ बीटीसी अभ्यर्थियन के इम्तिहान में जम के नकल चले के खबर बा. इहे लोग बाद में चल के मास्टरी करी आ विद्यार्थियन के नकल करे के कला सिखाई.

काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के संस्थापक महामना पंडित मदनमोहन मालवीय के डेढ़ सौंवी जयंती पर उनुका नाम से एगो ट्रेन चलावल जाई आ एगो स्टेशन के नाम उनुका नाम पर राखल जाई. सरकार इहो तय कइले बिया कि डेढ़ सौ आ पाँच रुपिया के खास सिक्का निकालल जाई जवना पर महामना के तस्वीर होखी.

बिहार

बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी के राजद का तरफ से विधानपरिषद के चुनाव लड़वावल जाई. उनुका नाम पर पार्टी विधायक दल में मोहर लगावल गइल.

पूर्वी चंपारण के छौड़ादानों इलाका में हीरामणि नहर रोड पर शनिचर का दिने एगो जदयू कार्यकर्ता के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहले.

बक्सर के सिमरी बाजार में ट्रक से कचरा के मनोज नाम के एगो नवही के मौत हो गइल. एह दुर्घटना से खिसियाइल लोग ट्रक पर तोड़ फोड़ कइले.

रोहतास के नदवा गाँव के तालाब से दू गो नवहियन के लाश बरामद भइल बा.

देश

पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी आजु नई दिल्ली अइहें जहाँ ऊ दुपहरिया में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के आवास पर भोज में शामिल होखीहें. ओकरा बाद ऊ अपना जियारत पर अजमेर शरीफ जइहें.

ओडिशा सरकार नक्सलियन से समझौता कर लिहलसि जवना का बाद बिचवनिया बतवले कि नक्सली इटली के पर्यटक के छोड़ दीहें. अबहीं विधायक के रिहाई खातिर सौदेबाजी जारी बा.

विदेश

सियाचीन ग्लेशियर पर तैनात एक सौ पाकिस्तानी सैनिक आजु भिनुसहरा किरन फूटे से पहिलही हिमस्खलन में जियते दबा गइले. ओह लोग के बाचे के बहुते कम उमेद बा. सियाचीन पर भारत आ पाकिस्तान दुनु का बीचे सीमा विवाद बावे आ दुनु देश के सेना बहुते भारी खर्च पर ओहिजा आपन सेना तैनात राखेलें.

मलावी की राष्ट्रपति बिंगुआ मुथारिका के निधन का बाद ओहिजा के उपराष्ट्रपति जोएस बांदा देश के राष्ट्रपति पद के किरिया ले लिहली. जोएस मलावी के पहिला महिला राष्ट्रपति हो गइली.

ईरान के कहना बा कि ऊ आपन परमाणु कार्यक्रम जारी राखी. ई बात ऊ जापान के प्रधानमंत्री रहल यूकिओ हातोयामा से कहलसि.

चीन कोरियाई प्रायद्वीप के हालिया घटनन पर चिंता जतवले बा जहाँ ओकर सहयोगी देश उत्तर कोरिया आपन उपग्रह प्रक्षेपित करे वाला बा. जापान एह उपग्रह के प्रक्षेपित करे वाला रॉकेट के मार गिरावे के फैसला कइले बा आ ओकर पूरा तइयारी कर लिहले बा.

सीरिया में शनिचर का दिने भइल संघर्षन में नाहियो त सवा सौ लोग मारल गइलें जवना में ८६ गो नागरिक रहले.

मनोरंजन

हरियाणा में पहिलका अंतर्राष्ट्रीय मेगा फिल्म महोत्सव १२ अप्रैल से रोहतक में शुरु होखे वाला बा जवना में अनेके देशी विदेशी फिलिम देखावल जाई. राज्य के मुख्यमंत्री भूपेन्द्र सिंह हुड्डा समारोह के उद्घाटन करीहें

खेल

विशाखापत्तनम में आईपीएल क्रिकेट के बीसबीसा मैच में शनिचर का दिने चेन्नई सुपर किंग्स डेक्कन चार्जर्स के ७४ रन से हरा दिहलसि. ओने बंगलुरू में खेलल मैच में रॉयल चेलेंजर्स बंगलौर डेल्ही डेयरडेविल्स के २० रन से हरवलसि.

आईपीएल में आजु कोलकाता नाइट राइडर्स के मुकाबला राजस्थान रॉयल्स से जयपुर में आ पुणे वारियर्स के किंग्स इलेवन पंजाब से मुकाबला पुणे में होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up